भन्सार छल के लियावल मालसामान सहित ट्रक आ चालक के पुलीस पकडलख

वीरगंज ३० चईत

पर्सा पुलीस वीरगंज भन्सार से चोरी पैठारी के मालसामान सहित ट्रक आ चालक के नियन्त्रण मे लेहले बा ।

बीरगंज से नारायणगढ ओरी जा रहल ना.३ ख ७२१० नम्बर के पशुपति रोड कैरियर्स के मालवाहक ट्रक आ ट्रक चालक २८ बरीस के सुरज सिंह के नियन्त्रण मे लेहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा ।

पुलीस के मुताविक बयालीस लाख बराबर के कस्मेटिक, हार्डवेयर आ किराना सामान मिलला से ट्रक तथा चालक के कारवाही के खातिर सोमार के दिने राजश्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया, बारा पठवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।