वीरगंज नाका के हेल्थ डेस्क मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल युवक फरार

वीरगंज ०५ बैशाख

वीरगंज नाका मे स्थापना कईल हेल्थ डेस्क मे एतवार के दिने एन्टिजेन प्रविधि से कईल परीक्षण मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल ४ जने मेसे एक संक्रमित फरार बाडन ।

शंकास्पद ५३ जने के स्वाब लेवेके समय मे स्वाब देहल उ युवक परीक्षण के रिपोर्ट ना आवते फरार भईल बाडन । स्वाब संकलन मे स्वास्थ्यकर्मी आ सुरक्षाकर्मी व्यस्त रहल समय मे उ युवक फरार भईल बाडन ।

एतवार के दिने ५३ जने के स्वाब नमूना लेके हेल्थ डेस्क मे एन्टिजेन परीक्षण कईल रहे । परीक्षण के रिपोर्ट आधा घण्टा मे आईल रहे । हेल्थ डेस्क मे खटल अहेब सैनुल्लाह अन्सारी के मुताविक, रिपोर्ट अईला के बाद संक्रमण मिलल ४ जने मेसे वीरगंज के गुप्ता थर भईल उ युवक के सुरक्षाकर्मी खोजिनीति कईलन । माकिर उ उहाँ ना मिललन । उनकर मोबाइल स्वीच अफ कईल बा ।

फरार भईल संक्रमित युवक के खोजी हो रहल नाकास्थित इनर्वा प्रहरी चौकी के प्रहरी नायव निरीक्षक पूर्णप्रसाद दाहाल बतवनी । हेल्थ डेस्क मे खटल स्वास्थ्यकर्मी सैनुल्लाह अन्सारी कहनी, “जनशक्ति कम बा, हेल्थ डेस्क मे ल्याब के प्राविधिक एक जने मात्र बाडन,, ओहिसे भी परीक्षण करेमे समय लागी, आदमी रिपोर्ट हि ना आके भागेलन ।”

चईत २३ से वैशाख ५ गते दिन तक भारत से वीरगंज नाका होत प्रवेश करेवाला १४ जने मे कोरोना संक्रमण मिलल बा । वीरगंज नाका मे स्थापना कईल हेल्थ डेस्क मे एतवार के दिने मात्र भारत से आईल ५३ जने के एंिजजेन प्राविधि से परीक्षण कईला पर ४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

एतवार के दिने एक नेपाली आ ३ भारतीय करके ४ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल हेल्थ डेस्क मे खटल स्वास्थ्यकर्मी सैनुल्लाह अन्सारी जानकारी देहनी ।

हेल्थ डेस्क मे चईत २३ गते से एंिजटजेन प्राविधि से कोरोना के परीक्षण करे लागल बा ।
नाका के हेल्थ डेस्क मे चईत २३ से वैशाख ५ गते दिन तक ४ सय ४३ जने के एन्टिजेन प्रविधि से परीक्षण कईला पर १४ जने मे कोराना संक्रमण मिलल अन्सारी बतवनी ।

उनका मुताविक, १४ मेसे ४ जने नेपाली आ बाँकी १० जने भारतीय बाडन । संक्रमण मिलल नेपाली के सम्बन्धित पालिका से समन्वय करके होम आइसोलेसन मे रहेके कहके पठावल गईल उ बतवनी ।

भरतीय संक्रमित के सीमावर्ती भारतीय पुलीस के जिम्मा लगाके भारत ओरी पठावल जा रहल अन्सारी बतवनी । अन्सारी के मुताविक, नाका के हेल्थ डेस्क मे, लम्हर समय भारत मे रहके आईल नेपाली, भारत के भित्री भाग से आवेवाला भारतीय आ शंकास्पद आदमीसब के मात्र एन्टिजेन प्रविधी से कोरोना जाँच कईल जा रहल बा । भारत से आवेवाला आउर के थर्मलगन से तापक्रम मात्र नाप के वीरगंज प्रवेश करे देहल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।