वीरगंज मे किलास १ से ५ तक के पढाई बन्द करेके निर्णय

वीरगंज ०५ बैशाख

वीरगंज महानगरपालिका मे वैशाख ६ गते से किलास १ से ५ तक के पढाई लिखाई बन्द होखेके जनावल गईल बा । शैक्षिक प्रशासन महाशाखा एतवार के दिने विज्ञप्ति निकाल के सभी पठनपाठन बन्द करेके निर्देशन देहले बा ।

वीरगंज मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण व्यापक रुप मे फईलल बा । ओकर प्रत्यक्ष जोखिम मे विद्यालय के लईकालइकीसब रहल बाडन । जोखिम के परिस्थिति के मध्यनजर करत वैशाख ६ गते सोमार से किलास १ से ५ तक के पढाई लिखाई दोसर सूचना ना होखे तक बन्द करेके निर्णय कईल शैक्षिक महाशाखा के शिक्षा अधिकृत हरि राउत जानकारी देहनी ।

शैक्षिक प्रशासन महाशाखा से जारी कईल सूचना मे महानगरक्षेत्र के सभी सामुदायिक आ संस्थागत विद्यालयसब के विद्यार्थी के आन्तरिक मूल्यांकन से किलास वृद्धि करेके व्यवस्था मिलावे के कहल गईल बा ।

किलास ६ से ९ के अन्तिम परीक्षा सञ्चालन होखी

वीरगंज मे किलास ८ के नगर स्तरीय परीक्षा के तालिका हि सार्वजनिक भइल बा । जेठ ४ गते से करेके कहल परीक्षा वैशाख १२ गते से सञ्चालन करेवाला किसिम से तालिका सार्वजनिक कईल बा ।

परीक्षा सञ्चालक समिति के सदस्य सचिव भी रहल राउत किलास ८ के नगर स्तरीय परीक्षा वैशाख १२ गते से सञ्चालन करके २० गते भितर सम्पन्न होखेके बतवनी ।

किलास ६, ७ आ ९ के अन्तिम परीक्षा के सन्दर्भ मे भी शैक्षिक महाशाखा से एतवार के दिने सूचना निकलले बा । सामाजिक दूरी कायम करत, साबुन–पानी से हाथ धोवेके व्यवस्था, सेनिटाइजर मास्क के सुनिश्चितता करके परीक्षा देवेके कहल गईल बा । भिडभाड कम करे खातिर दु सिफट मे परीक्षा लेवे खातिर महानगरपालिका विद्यायसब के निर्देशन देहले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।