प्रदेश २ मे पहिलका बेर मुटु मे गो भल्ब भईल मरेजी के सफल अप्रेशन

वीरगंज ०६ बैशाख

प्रदेश २ मे पहिलका बेर मुटु मे दु गो छेद भईल मरेजी के सफल अप्रेशन भईल बा । नेशनल मेडिकल कलेज एण्ड शिक्षण अस्पताल वीरगंज मे मुटु मे दु गो छेद भईल मरेजी के सफल अप्रेशन भईल जनवले बा ।

अस्पताल आजु पत्रकार सम्मेलन करके सुलोमान हवारी ४७ बरीस के पुरुष बैरीया विर्ता वार्ड नं ५ अभी बीरगंज रानीघाट मे रहत आईल रानीघाट मे छोटा ब्यापार करके गुजारा चला रहल उनकर आर्थीक स्थिती कमजोर भईल माकिर मुटु के बेमारी से पिडित भईला पर अस्पताल के चिकित्सकलोग के सल्लाह मे मुटु के अप्रेशन कईल अस्पताल व्यवस्थापन समिति जनवले बा ।

मुटुरोग बिशेषज्ञ डा.अफरोज अंसारी, डा.कौशल तिवारी, डा.अचुत्यानन्द कर्ण आ डा. जितेन्द्र कुमार मिश्र के टिम हवारी के एक हप्ता अगाडि मुटु के सफल अप्रेशन कईले रहे ।

ई मुटु के अप्रेशन प्रदेश नं. २ मे पहिलका बेर भईल भी पत्रकार सम्मेलन मे डा. अफरोज अंसारी बतवनी । मुटु मे एगो छेद भईल मरेजी के बहुते शफल अप्रेशन कईला पर भी दु गो छेद भईल मुटु के शफल अप्रेशन कईल पहिलका बेर भईल दावी कइनी ।

मुटु के अप्रेशन करे खातिर ५–६ लाख लागेवाला भईला पर भी चेज हर्ट फाउन्डेशन आ नेशनल हर्ट एण्ड लंग्स सोसाईटी नेपाल के सहजोग मे हवारी के अप्रेशन बहुते कम खर्च मे भइल डा. कौशल तिवारी बतवनी ।

हवारी के जलदी हि डिस्र्चाज करेके अस्पताल जनवले बा । पत्रकार सम्मेलन मे अस्पताल के एम.डि बसरुदिन अंसारी, मेडिकल डाईरेक्टर डा. प्रमोद सर्राफ, शेराज अहदम लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।