रौतहट मे मास्क ना पहिनल आदमी उपर कारवाही

मेवालाल यादव
रौतहट ७ वैशाख
कोरोना के दुसरका लहर रौतहट मे संक्रमित के संख्या बढत गईला के बाद जिल्ला प्रशासन कार्यालय स्वास्थ्य सुरक्षा मापदण्ड के पालनमा कडाइ करे लागल बा ।
रौतहट मे अभी २९ जने सक्रिय कोरोना संक्रमित बाडन । वैशाख १ से ६ गते तक भईल ४७ नमुना परीक्षण मे २९ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । संक्रमण बढत गईला पर भी स्थानीय सचेतना ना अपनईला के बाद जिल्ला प्रशासन कार्यालय मास्क ना पहिनेवाला के जरिवाना करावेके निर्णय कईले बा ।
मंगर के दिने बईठल जिल्ला कोभिड संकट व्यवस्थापन केन्द्र के बईठक से मास्क ना पहिनेवाला के एक सय रोपेया जरिवाना करेके, हरेक पालिकासब मे क्वारेन्टिन स्थापना, गौर अस्पताल मे २५, धरहरी मे १ सय आ चन्द्रनिगाहपुर मे ४० बेड के आइसोलेसन सेन्टर स्थापना करेके निर्णय कईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी इन्द्रदेव यादव जानकारी देहनी ।
‘अवस्था देखके गौर मे आउर दु गो आइसोलेसन निर्माण करेके निर्णय भी भईल बा,’ कहत उ, ‘होम आइसोलेसन मे रहल आदमीसब मापदण्ड पालना ना कईला पर ओईसन संक्रमित के सामुदायिक क्वारेन्टिन मे राखल जाई ।’ सीमा नाकासब मे भी सुरक्षाकर्मीलोग निगरानी बढावल प्रमुख जिल्ला अधिकारी यादव बतवनी ।
गौर मे घर मे रहल संक्रमितलोग किनमेल के खातिर बजार जाएके तथा घरबाहर निकलल सिकाईत बढला के बाद ओईसन संक्रमितलोग के फुन मार्फत सचेत करावल गईल गौर नगरपालिका के मेयर अजय गुप्ता बतवनी । संक्रमितलोग घरबाहर देखल गईला पर उलोग के नगरपालिका से सञ्चालन कईल क्वारेन्टिन मे लेजाके राखेके उ बतवनी ।
गौर के बीपी चोक मे स्थानीय के मास्क वितरण करत बुध से मास्क ना पहिनला पर जरिवाना होखेके जानकारी प्रशासन देहले बा । संक्रमित के संख्या बढला पर भी स्थानीय मास्क लगावे खातिर तथा जरुरी सावधानी अपनावे खातिर वेवास्ता कर रहल बाडन । सचेतना फईलावे के राजनीतिक दल, संघ–संस्था तथा पालिकासब भी आदमीसब के भिडभाड कराके अनेकन कार्जक्रम कईल छोडले नइखन ।






