डिजेल, पेट्रोल के दाम लिटर मे २ रोपेया घटल

काठमाण्डु ३ चईत,

नेपाल आयल निगम पेट्रोलियम पदार्थ के दाम समायोजन कईले बा । सोमार के दिने बईठल निगम सञ्चालक समिति बईठक से मध्य रात १२ बजे से लागु होखेवाला किसिम से डिजेल, पेट्रोल, मट्टितेल आ हवाइ इन्धन आन्तरिक ओरी के दाम घटवले बा ।

निगम डिजेल पेट्रोल आ मट्टितेल मे प्रतिलिटर दु रोपेया दाम घटवले बा । एहितरे हवाई इन्धन आन्तरिक ओरी के दाम ४ रोपेया ५० पईसा से घटला पर एलपीजी ग्यास आ हवाई इन्धन अन्तराष्ट्रिय के दाम पुराने कायम कईले बा ।

नयाँ दाम मुताविक अब उपभोक्ता डिजेल आ मट्टितेल मे प्रतिलिटर ९५ रोपेया, पेट्रोल १०६ रोपेया प्रतिलिटर आ हवाई इन्धन आन्तरिक ओरी ९० रोपेया प्रतिलिटर दाम तिरेके पडि ।

कोरोना संक्रमण से विश्व अर्थतन्त्र मे पडल प्रभाव तथा साउदी अरेयिबा आ एसियाबीच के तेल के दाम मे भईल होडबाजी से अन्तर्राष्ट्रिय बजार मे कच्चा तेल के दाम मे कमी आईल रहे ।

अन्तर्राष्ट्रिय बजार मे घटल तेल के दाम के असर नेपाल मे भी देखल गईल कहत पेट्रोलियम व्यवसायी निगम से कम परिमाण मे तेल खरिद कईला पर काठमाण्डु लगायत के शहर मे तेल के कमी देखल गईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।