घरेलु कार्यालय पर्सा पालिका मुताविक दिन तोक के सेवा दि

वीरगंज ०७ बैशाख

घरेलु तथा साना उद्योग कार्यालय पर्सा पालिका मुताविक दिन तोक के सेवा प्रवाह करेके भईल बा । मंगर के दिने सूचना जारी करत बुध से लागु होखेवाला किसिम से पालिका मुताविक सेवा प्रवाह करे लागल बा । पर्सा जिल्ला मे १४ गो पालिका बा ।

एक दिन सभी पालिका से सेवाग्राहीलोग सेवा लेवे अईला पर बेसी भिडभाड देखल गईला से पालिका मुताविक सेवा प्रवाह करेके तालिका बनावल गईल घरेलु कार्यालय पर्सा जनवले बा । बढल कोभिड संक्रमण के जोखिम के ध्यान मे राख के भिडभाड कम करे खातिर जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा मंगर से हि अईसे सेवा प्रवाह करे लागल बा ।

निमित्त प्रमुख उद्योग अधिकृत द्वारा जारी सूचना मे कोभिड –१९ के प्रकोप के चलते स्वास्थ्य सुरक्षा मापदण्ड पालना सहित सेवाग्राही वर्गीकरण करके सेवा प्रवाह करेके व्यवस्था मिलावल गईल उल्लेख बा ।

दर्ता, नविकरण लगायत सभी सेवासब पालिका मुताविक बार तोक के प्रवाह करेके कार्यालय जनवले बा । एतवार आ सोमार के दिने वीरगंज महानगरपालिका के सेवाग्राही सेवा ले सकिहें ।

मंगर आ बुध के दिने तीन गो नगर पालिका के सेवाग्राही सेवा लिहें । पर्सागढी, बहुदरमाई, पोखरिया नगरपालिका बासिन्दा मंगर आ बुध के दिने सेवा ले सकिहें । बियफे आ शुक के दिने बाँकी गाँवपालिका के सेवाग्राही के खातिर छुटयावल गईल बा ।

कालिकामाई, जगरनाथपुर, ठोरी, पकाहामैनपुर, सखुवाप्रसौनी, छिपहरमाई, जिराभवानी, धोबीनी, पटेर्वासुगौली आ बिन्दबासिनी गाँवपालिका के सेवाग्राही बियफे आ शुक के दिने सेवा मिली ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।