रौतहट मे पहिलका बेर राजपुर नगरपालिका कईलख रेविज खोप संचालन

मेवालाल यादव

रौतहट ८ बैशाख

प्रदेश नम्बर २ के रौतहट जिल्ला अन्तर्गत रहल राजपुर नगरपालिका आपन नगरवासी के एआरभी खोप देवेके सुविधा सुरु कईले बा ।

राजपुर नगरपालिका स्थित प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र मे एआरभी खोप (कुकुर, सियार आदी से काटला के बाद लगावल जाएवाला खोप) प्रमुख जिल्ला अधिकारी ईन्द्रदेव यादव एवं मेयर शेख सकिल अख्तर के संयुक्त रुपमे उदघाटन कईले रहनी ।

जिल्ला प्रशासन कार्यालय रौतहट के प्रमुख यादव दोसर जगहा सेवा लेवे गईला से आपन नगर मे सेवा देहला पर आउर प्रभावकारी होखेके बतवनी । नगर प्रमुख शेख सकिल अख्तर आ कार्यालय प्रमुख बैजु ठाकुर लगायत स्वास्थ्य ओरी के कर्मचारी मोहम्मद कहफुल के बिशेष पहल मे प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र, राजपुर फरहदवा मे ई सेवा सुरु कईला मे प्रमुख जिल्ला अधिकारी यादव बधाई तथा धन्यवाद देहले रहनी ।

पहिले जिल्ला अस्पताल गौर मे सेवा देहला पर उहाँ जाएमे समस्या, खोप लेवेवाला जगहा जानकारी ना मिलल आदमी उदास होके फिर्ता होखेके समस्या के अन्त्य आपन पालिका के प्राथमिक स्वास्थ्य सेवा केन्द्र कईले बा । जिल्ला के प्रथम पालिका राजपुर नगरपालिका से संचालित प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र मे एआरभी खोप आजु से सुरु भईल बा ।

हरेक महिना मे ५० गो खोप आवेके माकिर मरेजी के संख्या बढत गईला पर नगरपालिका बजेट विनियोजन करके एआरभी खोप खरिद करके जनता के सेवा देवेके मेयर अख्तर बतवनी ।

एआरभी खोप शुभारम्भ कार्जक्रम के आयोजना राजपुर नगरपालिका कईले रहे । मेयर शेख सकिल अख्तर के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे निमित्त प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत बैजु ठाकुर, जिल्ला जन स्वास्थ्य कार्यालय रौतहट के प्रमुख लगायत स्वास्थ्यकर्मी लोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।