वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे कोभिड–१९ के जटिल मरेजी मात्र राखल जाई

वीरगंज ०९ बैशाख
वीरगंज मे कोरोना संक्रमित के ईलाज कर रहल नारायणी अस्पताल जटिल समस्या देखल गईल मरेजी के मात्र अस्पताल मे राखेके निर्णय कईले बा ।
एतवार के दिने नारायणी अस्पताल व्यवस्थापन समिति आ जिल्ला के राजनीतिक दल के प्रतिनिधि के बईठक से आईसीयू आ एचडीयू जरुरी रहल मरेजी के मात्र अस्पताल मे ईलाज करेके आ आउर मरेजी के सम्बन्धित स्थानीय तह के आइसोलेसन सेन्टर मे पठावे के निर्णय कईले बा ।
अस्पताल बेसी मे ५० प्रतिशत बेड मे मात्र कोरोना संक्रमित के ईलाज करे सकेके जनवले बा । कोरोना संक्रमित के ईलाज के खातिर जरुरी जनशक्ति आ सामग्री व्यवस्थापन के खातिर जिल्ला कोभिड–१९ संकट व्यवस्थापन केन्द्रमार्फत प्रदेश सरकार आ केन्द्र सरकार मे पहल करेके निर्णय भी बईठक से कईले बा ।
अस्पताल कोरोना संक्रमित के ईलाज सँगे अस्पताल के सामान्य सेवा के भी निरन्तरता देवेके भईल बा । प्रसुति, आईसीयू, सीसीयू, एनआईसीयू, डायलायसिस, इमर्जेन्सी, इमर्जेन्सी सर्जरी, शल्यक्रिया आ बहिरंग सेवासब के निरन्तरता देवेके बईठक से निर्णय कईले बा । अब बहिरंग सेवा के टिकट सबेरे ११ बजे तक मात्र देवेके निर्णय कईल अस्पताल विकास समिति अध्यक्ष पुरेन्द्रकिशोर लाभ जानकारी देहनी ।
बईठक से पर्सा मे रहल निजी अस्पताल मे कोभिड–१९ संक्रमितलोग के ईलाज तथा व्यवस्थापन मे बेड छुट्यावे खातिर पहल करेके निर्णय कईले बा । अलगे कोभिड अस्पताल स्थापना तथा कोभिड संक्रमति के खातिर विशेषज्ञ सेवा के खातिर भी अस्पताल तोकेके निर्णय उ बईठक से कईले बा ।






