सशस्त्र प्रहरी आ नेपाल पुलीस संयुक्त टोली पेस्तोल सहित एक जने के पकडलख

वीरगंज ०८ बैशाख

पर्सा के बीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १६ से सशस्त्र प्रहरी आ नेपाल प्रहरी के संयुक्त टोली पेस्तोल सहित एक जने नेपाली नागरिक के पकडले बा ।

बिशेष सूचना के आधार मे बोर्डर आउट पोस्ट बीरगंज भन्सार आ प्रहरी चौकी इनर्वा से खटल संयुक्त टोली पेस्तोल आ ओमे प्रयोग होखेवाला म्यागजिन सहित पपकडले बाडन ।

बोर्डर आउट पोस्ट बीरगंज भन्सार से सशस्त्र प्रहरी निरीक्षक बिष्णु अधिकारी के कमान्ड मे ७ जने सशस्त्र पुलीस के टोली आ प्रहरी चौकी इनर्वा से प्रहरी नायब निरीक्षक पूर्ण प्रसाद दहाल सहित ५ जने के नेपाल प्रहरी के टोली पकडेमे सफल भईल पुलीस जनवले बा ।

पुलीस से जनावल मुताविक बिशेष सूचना के आधार मे बीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १६ शंकराचार्य गेट लगे चेकजाँच कर रहल समय मे पेस्तोल आ ओमे प्रयोग होखेवाला २ थान म्याग्जिन सहित पकडल गईल बतवले बाडन ।

मकवानपुर जिल्ला हाडिखोला गाँवपालिका वार्ड नम्बर ९ रहेवाला कुल बहादुर राणा मगर के २४ बरीस के बेटा राजु राणा मगर के पेस्तोल सहित पकडल गईल पुलीस जनवले बा ।

आजु सँझिया करिब ७ बज के ५५ मिनेट मे मगर के पकड के पेस्तोल आ म्याग्जिन सहित जरुरी कारवाही के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे पठावल गईल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।