नेपाल ईन्डो होस्पिटल टि–२० क्रिकेट टुर्नामेन्ट मे सर्लाही ४२ रन से जितल

प्रभु यादव

बारा २६ माघ

बारा के प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नम्बर २ मे सँचालन होरहल नेपाल ईण्डो होस्पीटल टि–२० क्रिकेट टुर्नामेन्ट मे सर्लाही क्रिकेट क्लव ४२ रन से विजयी भईल बा ।

नेपाल ईन्डो होस्पिटल टि–२० खेल के तिसरका दिन के खेल सर्लाही क्रिकेट क्लब आ ११ स्टार क्लब बारा के बिच भईल । सर्लाही क्रिकेट क्लब टस जित के बयाटिङ्ग सुरू कईले रहे ।

२० ओभर के खेल मे सर्लाही क्रिकेट क्लब ९ बिकेट गँवा के एक सय ७० रन बनावले रहल प्रतिउत्तर मे ११ स्टार क्लब बारा १९ ओभर मे सभे बिकेट गँवा के एक सय २८ रन मात्र बनावे मे सफल भईल रहे । नेपाल ईन्डो हस्पिटल आ राष्ट्रिय बाणिज्य बैक प्रदेशिक कार्यालय विरंगज के सहयोग आ ११ स्टार क्रिकेट क्लव प्रसौनी के आयोजना मे खेल होरहल बा ।

टि–२० क्रिकेट टुर्नामेन्ट खेल के तिसरा दिन के खेल उदघाटन प्रमुख अतिथि पुर्ब साँसद लालबाबु सिंह कईले रहनी आ बिशेष अतिथि नेपाली काँग्रेस के क्षेत्रिय अध्यक्ष प्रभु दास लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

११ स्टार क्रिकेट क्लब प्रसौनी बारा के अध्यक्ष अतिन्द्र राउत के सभापतित्व मे सम्पन्न कार्जक्रम के सञ्चालन त्रिपुरारी राउत कईले रहनी ।

नेपाल ईन्डो होस्पिटल टि–२० क्रिकेट टुर्नामेन्ट खेल के चउथका दिन बुध के के खेल डायमण्ड योङ्ग क्रिकेट क्लब पटना बिहार आ रौतहट क्रिकेट क्लब के बिच होई कहके जानकारी आयोजक क्रिकेट क्लब बारा के अध्यक्ष अतिन्द्र राउत जनकारी करावले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।