कृषि मन्त्री शैलेन्द्र शाहद्वारा कृषि उपकरण भण्डारण केन्द्र भवन के शिलान्यास

मेवालाल यादव
रौतहट ८ बैशाख
प्रदेश नम्बर २ सरकार अन्तर्गत रहल रौतहट जिल्ला के गुजरा नगरपालिका वार्ड नम्बर १ स्थित कृषि उपज भण्डारण केन्द्र पूर्वाधार निर्माण भवन के शिलान्यास कईल बा ।
भुमी व्यवस्था कृषि तथा सहकारी मन्त्री शैलेन्द्र शाह उ भवन के पुजापाठ करत शिलान्यास कईले बानी । प्रदेश नम्बर २ के भुमी व्यवस्था कृषि तथा सहकारी मन्त्रालय, कृषि विकास निर्देशनालय नक्टाझिल, धनुषा आ साना किसान कृषि सहकारी संस्था लि.गुजरा नगरपालिका वार्ड नम्बर १ रङ्गपुर रौतहट के संयुक्त लगानी मे उ भवन बने लागल बा ।
प्रदेश नम्बर २ सरकार के भुमी व्यवस्था कृषि तथा सहकारी मन्त्री शाह किताब मे मात्र ‘नेपाल देश कृषि प्रधान देश’ ह किसान के मन मे नईखे कहके बतवनी । किसान हि भईल देश किताब मे पढ के ना वास्तविक व्यवहार मे प्रदेश भा देश स्तरीय कृषि प्रधान देश बुझल नईखे कहके मन्त्री शाह बतवनी ।
हनमी किसान बडका दु देश के बीच मे रहल कडा प्रतिस्पर्धा के सामाना पहिले के प्रविधि से कमजोर साबित भईल देखल गईल बा । चीन भारत के खाद्यान्न हमनी लग अईला पर महँगा खरिदबिक्री होखेला माकिर स्वदेश के खाद्यान्न के दाम कम देखल गईल बतावत आधुनिक प्राविधिक उपकरण के कमी भईल उनकर जिकिर रहे ।
देश के ९५ प्रतिशत आदमी कृषि मे आश्रति बाडन माकिर किसान से उब्जावल खाद्यान्न के उचित दर भाव ना तोकके आउर किसान के मनोबल गिरावल मन्त्री शाह बतवनी ।
सात गो प्रदेश मेसे देश के बेसी जनसंख्या भईल प्रदेश नम्बर २ हि ह, ई प्रदेश समतल भईल क्षेत्र भईला से किसान मेहनत करके उब्जावल अन्न बाली हि मेरुदण्ड रहल उ खुद सहत भईल महसुस कईले रहलन ।
प्रदेश नम्बर २ के जिल्ला मे भी राष्ट्रिय स्तर के सहकारी संस्था लि.रहला मे खुद खुशी भईला पर भी किसान के मुरिमुरी काम के निरंतरता के कामना करत साना किसान कृषि सहकारी संस्था लि.गुजरा रौतहट किसान हि देश के सबल मेरुदण्ड ह कहनी ।
किसान समाज मे परिवर्तन, उत्थान, समाजिक परिवर्तन, समाज के आर्थिक सामाजिक एवं देश के अर्थतन्त्र व्यवस्था मे आमुल्य योगदान रहल ईतिहास हि गवाह ह, वर्तमान अवस्था से किसान के मर्म एवं मेहनत के कदर ना कईल, आपन सरकार के पहिलका निर्णय कृषि मे कईल बा कहके सर्वविदै बा ।
कार्जक्रम मे विशिष्ट अतिथि नेपाल सरकार के पूर्व कृषि राज्यमन्त्री एवम् जसपा कार्यकारिणी सदस्य गोबिन्द प्रसाद चौधरी, जसपा रौतहट जिल्ला ईन्चार्ज बृजकिशोर यादव, गुजरा नगरपालिका के मेयर सन्तलाल चौधरी, उपमेयर शेख रौशन खातुन, जसपा रौतहट के श्याम बिहारी यादव, जिल्ला समन्वय समिति रौतहट जिल्ला उपसभापति राम अशिष यादव, जसपा रौतहट जिल्ला सदस्य चन्दन यादव लगायत किसानलोग के सहभागीता रहल रहे ।






