सिम्रौनगढ महोत्सव औपचारिकता मे सम्पन्न

प्रभु यादव
बारा ०८ बैशाख
बारा के सिम्रौनगढ महोत्सव औपचारिक्ता मे हि सम्पन्न भईल बा । प्रदेश नम्वर २ के उधोग, पर्यटन, वन तथा वातावरण मन्त्रालय के आर्थिक सहजोग आ जनचेतना समाज नेपाल कलैया के आयोजना मे सिम्रौनगढ महोत्सव उदघाटन आ समापन भईल बा ।
चईत महिना के नवमी मे कंकाली माई के आ रानिवास मे सीता राम आ लखन के पुजा पाठ करेके करम मे मेला लागेला ओहि अवसर मे महोत्सव के आयोजना कईल गईल रहे । कंकाली माध्यमिक विद्यालय के आङ्गन मे महोत्सव के बायनर टेन्ड आ माईक सहित सहभागी भईल लोग के गन्जी देत समाप्त भईल बा ।
आयोजक संस्था के अध्यक्ष मुन्ना कुशवाहा के सभापतित्व मे आ सिम्रौनगढ नगरपालिका के उपमेयर रिमा देवी कुशवाहा के प्रमुख आतिथ्यया मे कर्जक्रम के आयोजना कईल गईल बा ।
प्रदेश सरकार के चार लाख के आर्थिक सहजोग मे महोत्सव के आयोजना कईल गईल रहल महोत्सव के संयोजक रंजित कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।
बैशाख ८, ९ आ १० गते के बहुत जादा मनोरंजन कार्जक्रम के आयोजना करे के रहल माकिर कोरोना के सक्रमण आउरी स्थानिय जिमेवार लोग के सहयोग उपस्थित ना भईला से एक दिन मे ही उदघाटन कर के समापन कईल गईल संयोजक कुशवाहा जनकारी करावले बानी ।






