वीरगंज–२ आ बिन्दबासिनी मे गुरु दक्षिना कार्जक्रम पुरा

भोटा. संवाददाता /
वीरगंज १५ सावन,
हिन्दु स्वयंसेवक संघ पर्सा मंगर के दिने बिन्दबासिनी गाँवपालिका आ वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. २ मे श्री गुरु दक्षिणा कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
हिन्दु स्वयंसेवक संघ के जिल्ला कार्यवाह कृष्ण चौरसिया हिन्दु स्वयंसेवक के स्थापना आ हिन्दु समाज के संगठित करेके उदेश्य लेके संघ काम करत आ रहल बतवनी । उ कहनी, अभी गुरु दक्षिणा संघ के स्वयंसेवकलोग से मात्र लेवेके काम हो रहल बा ।
हिन्दु स्वयंसेवक संघ परमपबित्रा भागवा धवज के गुरु हुन संघ ब्यक्ति पुजा के बन्चित करत आ रहला से संघ के मुख्य कार्जक्रम मेसे गुरु दक्षिना एक कार्जक्रम भईल जिल्ला कार्यवाह चौरसिया बतवनी ।
संघ कउनो जातिय विभेद विरुद्ध काम करत आ रहल आ समाज मे समाजिक सदभाव कायम करेके मुख्य उदेश्य रहला से सामाजिक सदभाव के मुल आधार मानके अनेकन पवित्र समुदाय के जनता बिच काम करत आ रहल चौरसिया बतवनी ।
हिन्दु स्वयंसेवक संघ आउर संघसंस्था जईसन चन्दा, चिठ्ठा लेवेके काम ना करेला आ एकरा से संघ से जुडल आदमीसब आ हिन्दु स्वयंसेवक संघ के स्वयंसेवलोग से मात्र गुरु दक्षिणा लेवेके काम कर रहल बतवनी ।
गुरु दक्षिणा के मुख्य बक्ता संघका बिभाग धर्मजागरण प्रमुख सशिकान्त मनि त्रिपाठी हिन्दु स्वयंसेवक संघ काहे स्थापना कईल आ एकर महत्त्वपूर्ण उदेश्य बारे चर्चा कईले रहनी । उ हिन्दु स्वयंसेवक संघ आपन धर्म संस्कार, संस्कृति के रक्षा तथा परामपरागत संस्कृति के संरक्षण करेके जिम्मेवारी के साथ लागल बतवनी ।
हिन्दु स्वयंसेवक संघ पर्सा के जिल्ला संघचालक माधवराजपाल गुरु दक्षिणा कार्जक्रम पर्सा जिल्ला भर हो रहल बतवनी । अभी महानगरपालिका भितर आ पालिकासब मे अलग अलग जिम्मेवारी देहल आ स्वयंसेवकहरु आपन काम मे लाग रहल बतवनी । मंगर के दिने बिन्दबासिनी गाँवपालिका मे आ बीरगज महानगरपालिका वार्ड नम्बर २ मे पुरा भईल जिल्ला संघचालक माधवराजपाल बतवनी ।