राजनितिक रुप से ना भईला पर भी सांस्कृतिक रुप से नेपाल हिन्दु राष्ट्र कायम बा : महामन्त्री मिलिन्द पराण्डे

वीरगंज ०९ बैशाख
विश्व हिन्दु परिषद के अन्तराष्ट्रिय महामन्त्री मिलिन्द पराण्डे नेपाल राजनितिक रुप से ना भईला पर भी सांस्कृतिक रुप से हिन्दु राष्ट्र कायम हि रहल बतवले बानी ।
नेपाल कभो भी धर्मनिरपेक्ष देश होखे ना सकि, इहाँ के राजनितिक दल के नेतालोग क्षणिक स्वार्थ के खातिर कागज मे मात्र धर्मनिरपेक्ष लिखले बाडन माकिर नेपाल अभी भी हिन्दु राष्ट्र हि बा कहके बतवनी ।
विश्व हिन्दु परिषद नेपाल से आजु वीरगंज मे आयोजना कईल परिच्यात्मक तथा भेटघाट कार्जक्रम के सम्बोधन करत महामन्त्री पराण्डे खास करके चार कारण से हिन्दु के कमजोर बनावेके खेल हो रहल बा । ईसाई के प्रचारबाजी आ धर्मान्तरण, ईस्लामीक आतंकबादी, कउनो धर्म मे विश्वास ना होखेके लहर आ पश्चिमी भोगदावी शैली अईला से हिन्दु के कमजोर बनावे खातिर हिन्दु उपर प्रहार हो रहल उ बतवनी ।
पाकिस्तान आ बंगलादेश मे हिन्दुलोग उपर संकट के अवस्था मे रहल बा । उहाँ अस्तीत्व के संघर्ष होत आईल बा । उहाँ के न्यायपालिका मुस्लीम के बा, हरेक दिन हिन्दु उपर अन्याय अत्याचार बढला पर भी हिन्दुवासी संगठन खुल के काम करे नइखे सकल ।
चौतर्फी रुप मे हिन्दु उपर हि प्रहार करेके काम हो रहल बा । जउन जगहा मे दोसर समुदाय के अवादी बढल बा, उ जगहा मे जव जिहाद, चेलीबेटी बेचविखन, गौहत्या आ मुस्लीम तुष्टीकरण के राजनितिक बढत गईल बा । ईसाई मिसेनरी से भी समाज के गरिब स्तर के आदमीसब के भुलियाके धर्मान्तरण करके पश्चिमी भोगबाद के प्रभाव बढवले बा जउना के चलते हिन्दु आपन संस्कार से दुर होत गईल बाडन ।
हिन्दु समाज के तत्वज्ञान सर्वोश्रेष्ठ बा माकिर तत्वज्ञान से बहुते दुर हमनी जा रहल बानी कहत जातिय छुवाछुत, भेदभाव, जातिय भाषा, सम्प्रदाय के अंहकार के चलते एक हिन्दु दोसर हिन्दु संगे के व्यवहार गलत करत आईल बतवनी । ई बात धर्मतत्वज्ञान विपरित भईला पर भी समाजिक कुरुती हमनी के समाज मे स्थापित भईल बा । एकरा से मुक्त बनावे खातिर सभी हिन्दु एकजुट होखेके पडि ।
महामन्त्री पराण्डे हिन्दु समाज के धार्मिक व्यवस्था कायम राखे खातिर साँधु सन्त, मठमन्दिर, अर्चक पुजारी, पर्वत्योहार, यात्रा के शक्ती केन्द्र के रुप मे प्रज्वलीत करके एकर आधार मे हिन्दु समाज एक सुत्र मे बान्हके राखेमे प्रेरित करेके पडि । हमनी के समाज भितर लुकाके रहल भितरी दोष के अन्त्य करके बाहरी आक्रमण जडवादी कम्युनिष्ट सोच, इसाई मेसिनरी के काम, ईस्लामिक आतककारी, गौ हत्या, जव जिहाद, पश्चिमी प्रभाव के रक्षा कईल समाज के मुख्य काम रहला से हिन्दु के भाव से खडा भईला पर मात्र ई सम्भव रहल उ बतवनी ।
अभी कम्युनिष्ट आ इसाई जनगणना के नाम मे हिन्दु के बाँटेके काम कर रहल बाडन । १० बरीस पहिले भईल जनगणना फर्म मे धर्म के चार गो खण्ड मे विभाजन कईल रहे । माकिर २०७८ के जनगणना फर्म मे हिन्दु के विभाजन करे खातिर १२ गो खण्ड मे बनाईवल गईल बा, हिन्दु के जनसंख्या ६० प्रतिशत से कम देखावे खातिर पश्चिमी शक्ति लागल उ बतवनी ।
कार्जक्रम मे वीरगंज उद्योग वाणिज्य संघ के उपाध्यक्ष एवं हिन्दु स्वयंसेवक संघ पर्सा के संस्थापक माधव राजपाल नेपाल प्रवास मे रहल परिषद के अन्तराष्ट्रिय महामन्त्री मिलिन्द पराण्डे के दोसल्ला ओढाके सम्मान कईले रहनी ।
हिन्दु स्वंयमसेवक संघ के जिल्ला कार्यवाह ललन द्विवेदी के संयोजकत्व मे भईल कार्जक्रम मे विश्व हिन्दु परिषद नेपाल के महामन्त्री प्रहलाद रेग्मी, संघ के नगरकार्यवाह रामलखन यादव, विश्व हिन्दु परिषद वीरगंज महानगर उपाध्यक्ष कृष्णमोहन सहाय लगायत के सहभागिता रहल रहे ।






