सिरहा मे आगलागी : आठ गो घर जरल

सिरहा ११ बैशाख
सिरहा के लक्ष्मीपुर पत्तारी गाँवपालिका–२ पर्सा टोल मे आगलागी भईला पर करीब ५० लाख से बेसी मूल्य बराबर के नोक्सानी भईल बा ।
स्थानीय रवीन्द्र साह के घर से बितल रात अचानक सुनुगल आगी फइलके आगलागी भईला पर सचिन्द्र, वीरेन्द्र, आनन्द, लाले, धीरेन्द्र, लछुराम आ रामलोचन साह लगायत के आठ गो घर जरके राखी भईल पुलीस जनवले बा ।
आगलागी मे पर के आन्नपात, गरगहना, लत्ताकपडा, नगद, राइस मिल लगायत के सभी सरसमान जरके नोक्सान भईला पर उ परिमाण के नोक्सानी भईल लक्ष्मीपुर गाँवपालिका–२ के वार्ड अध्यक्ष धर्मेन्द्र राय दनुवार जानकारी देहनी ।
लहान नगरपालिका से गईल बारुण यन्त्र, प्रहरी आ स्थानीयवासी के सहजोग मे आगी नियन्त्रण मे आईल स्थानीयवासी बतवले बाडन ।
एहितरे आगलागीपीडित परिवार के गाँवपालिका से तत्काल राहतस्वरुप प्रति परिवार २५ किलो चाउर, दु किलो दाल, दु किलो नून, एक लिटर खाने तेल, आधाकिलो स्वायविन, दु गो साबुन, रु एक हजार नगद आ एक थान त्रिपाल बाँटल गईल गाँवपालिका जनवले बा ।




