चैनपुर मे नयाँ बनल वार्ड कार्यालय के भवन उदघाटन

बारा ०४ सावन

बारा जिल्ला के परवानीपुर गाँवपालिका वार्ड नं ४ चैनपुर मे नवनिर्मित वार्ड कार्यालय के भवन के आजु एगो समारोह के बीच उदघाटन कईल बा ।

करिब ४० लाख के लागत मे निर्माण भईल भवन के उदघाटन वार्ड अध्यक्ष गजेन्द्र प्रसाद पटेल कईले बाडन । भवन उदघाटन करत अध्यक्ष पटेल आपन भवन आजु से सञ्चालन भईला मे खुशी व्यक्त करत अब ई वार्डवासी के खातिर सेवा प्रवाह मे सहज भईल बतवनी ।

उ आपन कार्यकाल मे नवनिर्मित वार्ड कार्यालय के भवन उपर थप करके दु तले भवन निर्माण करेके योजना रहल बतवनी ।

वार्ड अध्यक्ष पटेल भवन निर्माण मे सभी राजनीतिक दल, समाजसेवी, युवा, बुद्धिजीवी, वार्ड सदस्य, कर्मचारी लगायत के सहजोग रहल बतावत आवेवाला दिनसब मे विकास निर्माण के काम मे सहजोग खातिर निहोरा कइनी । वार्ड सचिव सन्तोष कुमार नेपाली नयाँ भवन निर्माण भईला के बाद हमनी कर्मचारीलोग के भी काम करेमे सजिलो भईल बतवनी ।

कार्जक्रम मे गाँवपालिका के उपप्रमुख सावित्री देवी, वार्ड नं १ के वार्ड अध्यक्ष मिश्री महतो, वार्ड नं २ के वार्ड अध्यक्ष इशवरि साह तेली, प्रहरी चौकी बुनियाद के प्रहरी इन्चार्ज सुनिल सिंह राजपूत लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।