प्रदेश–२ मे मास्क ना पहिनेवाला से ३ लाख ५२ हजार राजस्व संकलन

जनकपुरधाम १२ वैशाख

कोरोना के दुसरका चरण के रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर खटल पुलीस प्रदेश–२ से मास्क ना पहिनेवाला ३ हजार से बेसी आदमी से जरिवाना संकलन कईले बा ।

प्रदेश के ८ गो जिल्ला से मास्क ना पहिनेवाला ३ हजार ५ सय २४ जने के रु. १ सय के दर से जरिवाना तिरावल गईल प्रदेश प्रहरी कार्यालय, जनकपुरधाम जनवले बा ।

उलोग के संक्रामक रोग निवारण ऐन २०२० वमोजिम सम्बन्धित जिल्ला प्रशासन से समन्वय करके जरिवाना तिरईला पर रू. ३ लाख ५२ हजार ४ सय राजस्व भी संकलन भईल प्रदेश प्रहरी प्रमुख डीआइजी धिरज प्रताप सिंह जानकारी देहनी ।

दुसरका चरण के कोरोना नियन्त्रण के खातिर पुलीस बितल बैशाख १ गते से हि विशेषतः सार्वजनिक स्थान÷सवारीसाधनसब मे मास्क प्रयोग ना करके चलेवाला बिरुद्व अभियान शुरु कईले बा । ई अभियान अन्तर्गत वैशाख १ गते से ४ गते तक ४ सय ७० बेर व्यापक मात्रा मे प्रचार प्रसार÷माईकिङ÷जिंगल भी बजाके सचेतना करावल गईल प्रदेश प्रहरी कार्यालय के प्रवक्ता एवं प्रहरी निरीक्षक कृष्ण प्रसाई बतवनी ।

उनका मुताविक बैशाख ४ गते से ११ गते तक मास्क ना लगावेवाला के नियन्त्रण मे लेके ३ घण्टा होल्ड कईल बा । ई अन्तर्गत ४४ हजार ४ सय ५१ जने के सम्झा बुझा के छोडल गईल बा आ १६ हजार ९ सय ६९ जने के होल्डिङ्ग करके मास्क वितरण करके छोडल गईल प्रसाई बतवनी ।

नेपाल सरकारद्वारा तोकल गईल मापदण्ड के पूर्ण रुप मे पालना करावे खातिर सभी पक्ष के आपन–आपन ओरी से महत्वपूर्ण भूमिका होखेवाला भईला से रेष्टुरेण्ट, पार्टी प्यालेस एवं सभा सम्मेलन अर्थात आदमीसब के बेसी भिडभाड होखेवाला क्षेत्रसब मे स्वास्थ्य मापदण्ड पालना करके २५ जने से बेसी भेला जम्मा ना होखे खातिर प्रदेश प्रहरी कार्यालय सभी से निहोरा कईले बा ।

मापदण्ड के अनेकन बहाना मे अटेर करके नियम के पालना ना कईला पर कडाई के साथ संक्रमण रोग निवारण ऐन २०२० मुताविक अनिवार्य कारवाही करेके पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।