युवा नेता साह के नेतृत्व मे अध्यक्ष ठाकुर के स्वागत

वीरगंज २९ फागुन

बारा के परवानीपुर गाँवपालिका के कार्यपालीका सदस्य तथा लोकतान्त्रिक समाजवादी पाटी के यूवा नेता सन्जु साह के नेतृत्व मे आजु मोटरसाईकल जुलुस निकलल बा ।

वार्ड नं ५ बहुअरी टोल से निकलल जुलुस लोकतान्त्रिक समाजवादी पाटी (लोसपा) के केन्द्रिय अध्यक्ष महन्थ ठाकुर के स्वागत करे खातिर सिमरा बिमान स्थल मे पुग के भब्य स्वागत कईल नेता साह जानकारी देहनी । जुलुस मे पाटी के नेता तथा कार्यकर्तालोग के सहभागीता रहल रहे ।

सहभागीलोग लोसपा मात्र मधेश के मुद्धा के उठावेमे सफल भईल आ आवेवाला दिन मे स्थानिय निर्वाचन मे बारा जिल्ला मे बडका बहुमत लियावे के विश्वास ब्यक्त कईनी ।

जुलुस मे पाटी के युवा नेता उमेश साह, प्रमोद यादव, मुरतुजा आलम, संदिप यादव, दिलिप पटेल लगायत के सहभागीता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।