कर्मचारी मे कोरोना देखल गईला के बाद प्रदेश २ के प्रदेशसभा स्थगित

जनकपुरधाम १३ वैशाख

प्रदेश २ के प्रदेशसभा के बईठक दोसर सूचना जारी ना होखे तक के खातिर स्थगित कईल बा ।

प्रदेशसभा के तीन जने कर्मचारी मे कोरोना संक्रमण देखल गईला के बाद दोसर सूचना जारी ना होखे तक के खातिर बईठक स्थगित कईल बा ।

प्रदेशसभा के पाँच वाँ अधिवेशन बितल चईत ३० गते से शुरु भईल बा । उहे दिन पहिलका बईठक बईठला पर १० वैशाख मे दुसरका बईठक बईठल रहे ।

वैशाख १४ गते मंगर के दिने तिसरका बईठक बईठेके मिति तय भईला पर भी तीन जने कर्मचारी मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद बईठक स्थगित कईल प्रदेशसभा सचिवालय के सचिव रंिजत यादव जानकारी देहनी ।

तीन जने कर्मचारी मे सक्रमण देखल गईला के बाद खुद सहित आउर कर्मचारी के भी स्वाब परीक्षण के खातिर देहल गईल उ बतवनी । ‘जोखिम ना लेवेके कहके आउर कर्मचारी के भी स्वाब परीक्षण के खातिर देहल गईल बा,’ कहत उ, ‘उहे होके दोसर सूचना जारी ना होखे तक के खातिर बईठक स्थगित कईल बा ।’

पाँच वाँ अधिवेशन शुरु भईला के बाद प्रदेश के नाम आ स्थायी राजधानी के खातिर प्रक्रिया शुरु भईल बा । प्रदेश के नाम के खातिर मधेस, जानकी, जनक, मध्य मधेस आ मिथिला–भोजपुरा प्रस्ताव दर्ता भईल बा आ राजधानी के खातिर जनकपुरधाम आ वीरगंज प्रस्ताव दर्ता भईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।