वीरगंज मे संक्रमण रोके खातिर ३० गते तक निषेधाज्ञा थपाईल

वीरगंज २१ बैशाख

पर्सा जिल्लामा बैशाख १६ गते से एक हप्ता के खातिर लगावल गईल निषेधाज्ञा आउर ८ दिन के खातिर थपाईल बा ।

मंगर के दुपहरिया बईठल जिल्ला कोभिड संकट व्यवस्थापन केन्द्र (डिसिएमसी) के बईठक से बैशाख २२ गते तक के खातिर जारी कईल निषेधाज्ञा बैशाख ३० गते मध्यरात १२ बजे तक के खातिर थपेके सिफारिस कईले बा ।

पर्सा मे कारोना संक्रमण आ ओकरा से होखेवाला मृत्यु दर अप्रत्याशीत रुप मे बढत गईला के बाद नियन्त्रण के खातिर पर्सा जिल्ला मे स्थानीय प्रशासन बैशाख १६ से बुध के बैशाख २२ गते मध्यरात १२ बजे तक निषेधाज्ञा लगावल गईल रहे । कोरोना संक्रमण आ मृत्यु दर नियन्त्रण मे निषेधाज्ञा उपयोगी देखल गईला से बैशाख ३० गते तक के खातिर निषेधाज्ञा थपेके, डिसिएमसी के बईठक से प्रमुख जिल्ला अधिकारी के सिफारिस कईले बा ।

मंगर के दुपहरिया बईठल डिसिएमसी के बईठक से बैशाख ३० गते मध्यरात १२ बजे तक के खातिर निषेधाज्ञा थपेके सिफारिस कईल बईठक मे सहभागी पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी भीमकान्त पौडेल जानकारी देहनी ।

डिसिएमसी के सिफारिस मुताविक प्रमुख जिल्ला अधिकारी निषेधाज्ञा थपाईल सम्बन्धी सूचना बुध के दिने जारी करेके पौडेल जानकारी देहनी । एहितरे मंगर के दिने बईठल डिसिएमसी के बईठक से पर्सा जिल्ला मे रहल सभी अक्सीजन उद्योगसब के पूर्ण क्षमता मे सञ्चालन करे खातिर निहोरा कईले बा ।

साथे पर्सा जिल्ला मे उत्पादित अक्सीजन, जिल्ला बाहर आपूर्ति ना करेके भी निर्णय भईल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी पौडेल जानकारी देहनी ।

एहितरे कोभिड संक्रमितलोग के ईलाज के खातिर वीरगंज महानगरपालिका एक सय शैय्या के अस्थायी कोभिड अस्पताल तत्काल सञ्चालन मे लियावेके आ महानगरपालिका से हि एक सय शैय्या के आइसोलेशन भी सञ्चालन करेके निर्णय डिसिएमसी के बईठक से कईले बा । बईठक से वीरगंज महानगरपालिका उपयुक्त जगहा मे स्वाब संकलन केन्द्र स्थापना करके उहें से स्वाब संकलन करके परीक्षण के खातिर नारायणी अस्पताल मे पठावे के निर्णय भी कईले बा ।

पर्सा जिल्ला मे एकरा से पहिले कोरोना संक्रमण के पहिलका लहर के समय २ बेर निषेधाज्ञा लगावल गईल रहे । बितल बरीस बैशाख ३० से जेठ ५ गते तक के खातिर पहिलका बेर आ दुसरका बेर सावन १० गते से अनिश्चितकालीन निषेधाज्ञा लगावल गईल रहे ।

अभी फेनु संक्रमण बृद्धि दर आ मृत्यु दर दुनु बढत गईला के बाद संक्रमण के साङगलो तुरे खातिर बैशाख १६ गते से स्थानीय प्रशासन निषेधाज्ञा लगवले बा ।

कोरोना के दुसरका लहर सुरु भईला के बाद वीरगंज मे कोरोना से ३६ जने के मृत्यु भईल बा । वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे २८ जने के, नारायणी बयोधा अस्पताल मे ४ जने, नेशनल मेडिकल कलेज के कोरोना अस्पताल मे ३ जने आ गण्डक अस्पताल मे १ जने के मृत्यु भईल बा । जिल्ला प्रशासन कार्यालय के मुताविक कोरोना संक्रमण के दुसरका लहर सुरु भईल एने वीरगंज मे बैशाख १ गते से एने १ हजार ९ सय १२ जने संक्रमित थपाईल बाडन ।

नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे बैशाख १ से बैशाख २१ गते तक ३ हजार १ सय ६७ जने के कोरोना जाँच कईला पर उ मेसे १ हजार ९ सय १२ जने मे संक्रमण मिलल नारायणी अस्पताल के कोभिड कोर्डिनेटर डा सरोज रोशन दास जानकारी देहनी ।

पर्सा जिल्ला मे बैशाख २१ गते मंगर के दुपहरिया तक सक्रिय संक्रमित १ हजार ३ सय ५० जने बाडन । वीरगंज के अनेकन अस्पताल मे अभी १ सय ६७ जने संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन ।

नारायणी अस्पताल मे ९३ जने, नेशनल मेडिकल कलेज से बाबा होटल मे सञ्चालन कईल कोभिड अस्थायी अस्पताल मे ३५ जने, बयोधा अस्पताल मे १६ जने, वीरगंज हेल्थ केयर हस्पिटल मे १५ जने आ गण्डक हस्पिटल मे ८ जने संक्रमित ईलाज करा रहल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।