३ महिने सिलाइ कटाई तालिम बितल
३ महिने सिलाइ कटाई तालिम बितल

वीरगंज २४ फागुन
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. २१ के सहजोग आ डेभलपमेन्ट समाज पर्सा के आयोजना मे सञ्चालित ३ महिने सिलाइ कटाई तालिम शुक के दिने समापन भईल बा ।
बितल अगहन २३ गते से सञ्चालित तालिम के आजु समापन भईल बा । डेभलपमेन्ट समाज पर्सा के अध्यक्ष राहुल कुमार साह के अध्यक्षता मे भईल समापन समारोह के प्रमुख अतिथि वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. २१ के वार्ड अध्यक्ष राधाकृष्ण साह रौनियार तालिम मे सिखल ज्ञापन सिप के व्यवहार मे लागु करत आय आर्जन करे खातिर सहभागिलोग के सुझाव देहले रहनी ।
कार्जक्रम मे अतिथिलोग कृष्ण दास, बच्चा महतो, जवाहिर महतो, राजन पटेल, दिनेश मण्डल लगायत के सहभागिता रहल रहे । तालिम मे सहभागी ६० जने जनानी लोग के प्रशिक्षक बबिता यादव आ सहायक प्रशिक्षक पुजा साह प्रशिक्षण देहले रहनी ।






