वीरगंज मे आउर १५१ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि

वीरगंज २२ बैशाख

वीरगंज मे पिछिलका २४ घण्टा मे आउर १५१ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । जउना मे ५६ जने जनानी आ ९५ जने पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल नारायणी अस्पताल के पीसीआर प्रयोगशाला जनवले बा ।

प्रयोगशाला मे मंगर के १९२ जने के पीसीआर आ एन्टिजिन विधि से परीक्षण कईल रहे । संक्रमित होखेवाला ६ से ८८ बरीस उमिर तक के बाडन । संक्रमित मेसे पर्सा के १०९ जने, बारा के ३० जने, ७ जने सर्लाही, रौतहट के ५ जने रहल प्रयोगशाला जनवले बा ।

एहितरे मंगर के दिने १९० जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । जउना मे ५७ जने जनानी आ १३३ जने पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल नारायणी अस्पताल के पीसीआर प्रयोगशाला जनवले बा ।

प्रयोगशाला मे मंगर के २८८ जने के पीसीआर आ एन्टिजिन विधि से परीक्षण कईल रहे । संक्रमित होखेवाला ५ से ७० बरीस उमिर तक के बाडन ।

संक्रमित मेसे पर्सा के १३३ जने, बारा के ४१ जने, ७ जने सर्लाही, ५ जने रौतहट, नेपालगंज, सप्तरी, महोत्तरी आ धनुषा के १÷१ जने रहल प्रयोगशाला जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।