कोरोना भाईरस से सतर्कता अपनावेला समिती गठन

प्रभु यादव
बारा ०९ चईत,
बारागढी गाँवपालिका खोपवा मे बिश्व मे महामारी के रूप मे फैईलल कोरोना भाईरस कोभिड–१९ से बााने के खातिर सहज रूप मे स्वास्थय के खातिर सतर्कता अपनावेला समिति गठन कईल गईल बा ।
समन्वय समिति के संयोजक मे गाँवपालिका अध्यक्ष देवदत्त बछार थारू, सहसंयोजक मे गाँवपालिका उपाध्यक्ष लक्ष्मीदेबी राय, वार्ड अध्यक्ष सुरेश प्रसाद चौधरी, २ के कृष्ण प्रसाद चौधरी, ३ के छठुराउत अहिर, ४ के रामकृपाल चौधरी, ५ के मनेजर चौधरी, ६ के निरज कुमार साह, प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत आमोद चौधरी, स्वास्थय संयोजक ओमप्रकाश चौधरी लगायत सभी गाँवकार्यपालिका सदस्यलोग आ पालिका भितर रहल ५ गो समाजसेबीलोग के मनोनित करके कोरोना भाईरस रोग नियन्त्रण के खातिर पालिका स्तरीय समन्वय समिति गठन कईल गईल बा ।






