पर्सा के छिपहरमाई गाँवपालिका मे १५ बेड के आइसोलेसन सेन्टर

वीरगंज २४ बैशाख

पर्सा के छिपहरमाई गाँवपालिका १५ बेड के आइसोलेसन सेन्टर तईयार कईल बा । २४ आउर घण्टा एमबीबीएस डाक्टर सहित के सेवा दिने करके आइसोलेसन सेन्टर तईयार कईले बा । सेन्टर मे २ जने स्टाफ नर्स, २ जने स्वीपर, कार्यालय सहजोगी आ गार्ड १÷१ जने खटावल गईल बा ।

फिभर क्लिनिक सहित छिपहरमाई–२ सेढवा मे १५ बेड के आइसोलेसन सञ्चालन कईल गाँवपालिका अध्यक्ष मनोज गुप्ता जानकारी देहनी । ‘नीजि अस्पतालसब मे ईलाज के खातिर गईला पर १ लाख रोपेया त डिपोजिट हि मागेलन, कोरोना संक्रमण भईला पर गरिब से ईलाज मिले ना सकेके अवस्था बा ।’

उ कहनी, ‘ओहिसे गाँवपालिका १५ बेड के आइसोलेसन सेन्टर तईयार करके रखले बा । उहाँ खाना खाजा के सुविधा सहित निशुल्क ईलाज भी कईल जाई ।’ आइसोलेसन सेन्टर मे २ गो मात्र अक्सिजन सिलिण्डर बा । ४ गो तक जोहो करे सकला पर जरुरी पडला पर संक्रमित के देवे सकेके उ बतवनी । ‘अक्सिजन सिलिण्डर मिलल नईखे, २ गो सिलिण्डर बा, २ गो थपे सकला पर होखित कहके बा ।’

उ कहनी ‘जिल्ला प्रशासन कार्यालय सँगे भी सिलिण्डर उपलब्ध करावे खातिर निहोरा कईले बा ।’ पालिका मे तीन गो वर्थिङ सेन्टर बा । जरुरी पडला पर उ पालिका मे भईल अक्सिजन सिलिण्डर भी प्रयोग करे सकेवाला किसिम से राखल बा ।
घर मे आफन्त ना होके अकेले रहल आदमी संक्रमित भईला पर आइसोलेसन के सुविधा लेवे सकेके उनकर कहनाम बा ।

गाँवपालिका गरिब असहाय के गाँवपालिका निशुल्क ईलाज करेके नीति लेहल भी उ बतवनी । ‘कोरोना संक्रमण होके वीरगंज भा दोसर अस्पताल मे ईलाज करावेके पडला पर नीजि होखो भा सरकारी गरिब विपन्न के खातिर पालिका से खर्च बेहोरी ।’ कहत उ ‘सकेवाला खुद से बेहोरेके, ना सकेवाला के पालिका बेहोरी ।’

विपन्न परिवार कोरोना संक्रमण के चलते अभिभावक गुमईला पर परिवार के एक जने सदस्य के पालिका रोजगारी देवेके निर्णय भी कईल गाँवपालिका अध्यक्ष गुप्ता जानकारी देहनी । गाँवपालिका मे घर–घर मे बोखार, सरदी खोकी लागल आदमीसब बढल आ उलोग के स्वास्थ्यकर्मी के सल्लाह मुताविक ईलाज करावे खातिर निहोरा कर रहल पालिका जनवले बा । बैशाख २२ गते से सञ्चालन मे आईल आइसोलेसन सेन्टर मे दु जने शंकास्पद संक्रमित सेवा लेहले बाडन । उलोग के टाईफाईड भईला से दवाई देके घर पठावल गईल आइसोेलेसन सेन्टर के इन्चार्ज डाक्टर अरुण गिरी बतवनी ।
‘कोभिड संक्रमित के खातिर प्रयोग करेवाला दवाई, सुईसब तथा एन्टीजीन किट भी आईल बा, होम आइसोलेसन मे राखेवाला के होम आइसोलेसन मे पठावल जाई, गम्भिर मरेजी के वीरगंज तथा दोसर जगहा के अस्पताल मे पठावल जाई ।’ कहत उ ‘हमनी सँगे ल्याब भी बा, हेमोग्लोबिन, टिसीडीसी, इएसआर, सिबीसी टाइफाईड, टीबी लगायत के परीक्षण कईल जा सकता ।’
पालिका अन्तर्गत पडेवाला १४ गो गाँव मे बोखार आईल बा आ फिभर क्लिनिक मे जँचाके दवाई लेजाएके कहके सन्देश पुगावल गईल उनकर दाबी बा । कोभिड संक्रमित भा शंकास्पद संक्रमित के आकस्मिक सेवा देवे खातिर पालिका दु गो एम्बुलेन्स तईयारी अवस्था मे रखले बा । वार्ड नं ५ भिश्वा मे ८७ लाख के लागत मे सरुवा रोग अस्पताल निर्माणाधिन रहल छिपहरमाई गाँवपालिका जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।