शहीदनगर के प्रमुख आपन गाडी एम्बुलेन्स के रुप मे प्रयोग करे देहल जाई

जनकपुरधाम २५ वैशाख

धनुषा के शहीदनगर नगरपालिका के प्रमुख उदय बरबरिया यादव खुद से चढत आईल गाडी के एम्बुलेन्स के रुप मे प्रयोग करे देवेके घोषणा कईले बाडन ।

प्रमुख यादव से प्रयोग करत आईल प्रदेश २–०२–००१ झ–०००१ नम्बर के गाडी के एम्बुलेन्स के रुप मे प्रयोग करे देवेके बतवले बाडन ।

यादव शनिचर के दिने प्रेस विज्ञप्ति जारी करत नगर भितर के कोरोना संक्रमित के अस्पताल तक आ अस्पताल से घर तक पुगावे खातिर खुद चढत आईल गाडी के एम्बुलेन्स के रुप मे प्रयोग करे देवेके बतवले बाडन ।

कोरोना से आक्रान्त जनता के सेवा के सर्वाेपरी मानके खुद चढेवाला सरकारी गाडी एम्बुलेन्स के रुप मे प्रयोग करेके घोषणा कईल उ विज्ञप्ति मे उल्लेख कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।