वीरगंज आइल १५० थान रेम्डिसिभिर

वीरगंज २५ बैशाख

वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे १५० थान रेम्डिसिभिर आइल बा । शनिचर के सबेरे १५० थान रेम्डिसिभिर अस्पताल के फार्मेसी मे आईल नारायणी अस्पताल जानकारी करवले बा ।

रेम्डिसिभिर कोरोना संक्रमित के खातिर उपयोगी मानल गईल बेसी माग हो रहल बा । सरकारी दररेट मे अस्पताल से उपलब्ध करावे ना सकला पर बेसी दाम मे सर्वसाधारण से कालाबजारीयालोग के खरिद करके प्रयोग करेमे बाध्य बाडन ।

नारायणी अस्पताल के प्रवक्ता डा. सरोज सिंह शनिचर के दिने विज्ञप्ति जारी करत रेम्डिसिभिर आईल जानकारी करवले बाडन । अस्पताल मे आईल रेम्डिसिभिर सरकारी दररेट मे आवश्यकता के आधार मे चिकित्सिक के सिफारिस मे संक्रमित के वितरण करेके विज्ञप्ति मे उल्लेख बा ।

एकरा से पहिले ५४ भाइल रेम्डिसिभिर अस्पताल मे पठावल गईल कहला पर भी ना आईल अस्पताल जनवले बा । नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. सञ्जय ठाकुर मेडी कन्र्सन से ५४ थान रेम्डिसिभिर उपलब्ध ना करावल दाबी कइनी ।

‘भारत रेम्डिसिभिर निर्यात मे रोक लगावल गईल, काठमाण्डु मे ना मिलला से मारामार बा । हमनी कहाँ से लिआई ?,’ कहत उ ‘बंगलादेश से आईल तीन हजार भाइल मेसे औषधि व्यवस्था विभाग नारायणी के ५४ भाइल कहके रखले बा । माकिर हमनी लग आईल नइखे । दुसरका लट के १५० थान आजु सबेरे आईल बा ।’

एकरा से पहिले नारायणी अस्पताल मे रहल मौज्दात मेसे ५० थान संक्रमित के वितरण कईल अस्पताल के कोभिड संयोजक सरोजरोशन दास जानकारी देहनी ।

संक्रमित के ईलाज मे खासे प्रभावकारी ना देखल गईला पर भी रेम्डिसिभिर के माग अस्वभाविक देखल गईल उनकर कहनाम बा । ‘विश्व स्वास्थ्य संगठन हि रेम्डिसिभिर के खासे भूमिका नईखे कहले बा, गम्भीर अवस्था मे पुगे से पहिले के अवस्था मे कुछ प्रतिशत के फायदा भईल बा’ उ कहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।