मेरी सर्भिस के ठगी धन्दा, मरेजी के ज्यान से खेलवाड कर रहल

मेरी सर्भिस के ठगी धन्दा, मरेजी के ज्यान से खेलवाड कर रहल

वीरगंज २९ पुस

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. ८ लिंकरोड मे रहल मेरी सर्भिस सेन्टर प्रा.लि. मरेजीलोग के ठिक करेके बदले आउर बेमार बनावल घटना उजागर भईल बा ।

घटना बितल पुस २३ गते सोमार के ह । वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १७ निवासी एक जनानी आपन बन्ध्याकरण करावे खातिर मेरी सर्भिस सेन्टर मे पुगल रहनी । बन्ध्याकरण करावे पुगल उ जनानी से एगो कागज मे दहिया बाँया औठा के छाप लगाके भर्ना कईल रहे ।

भर्ना भईल कुछ समय बाद अपरेश्न थिएटर मे लेजाके डा. राम नरेश यादव बन्ध्याकरण (मिनी ल्याब) कईलें । बन्ध्याकरण के बाद सँझिया मरेजी के घर पठावे खातिर डिस्चार्ज कईल गईल । डिस्चार्ज करके मरेजी के घर लेजाए खातिर मरेजी के मरद मेरी सर्भिस सेन्टर (क्लिनिक) मे पुगला पर एक आदमी अपने के मरेजी के बन्ध्याकरण पूर्ण रुप मे सफल ना भईला पर उ आश्चर्य मे परलन ।

उ विषय मे अस्पताल के कर्मचारी, प्रशासन भा डाक्टर से मरेजी के मरद पुगला पर सब ठिक बा, ओईसन कुछो ना भईल कहके भुलियावे लगलन । बाद मे का भईल बा कहके मरद बुझत गईला पर बन्ध्याकरण कईला पर दु गो फ्लोपेन ट्युब (नशा) होखेला, ओमे एगो मात्र नशा बन्द कईल आ दोसर नशा खुले छोडल डा. यादव के लापरवाही भईल देखल गईल ।

घटना के बाद पिडित के मरद मेरी सर्भिस सेन्टर के प्रशासन देखेवाला (बाउन्सरके रुप मे कार्यरत्त) संदिप चौरसिया से बुझला पर कउनो मरेजी के केश बिगडला पर हमनी मरेजी से लेहल पईसा फिर्ता करेम कहत पिडित के मरद के भुलियावे के पप््रयास कईला पर हम कानुनी उपचार मे जाएम कहला पर चौरसिया अभद्र व्यवहार कईला के साथे हाथपात करेके प्रयास भी कईल पिडित आपन दुःख सुनवले बानी ।

वीरगंज–१७ के जनानी त एगो उदाहरण के खातिर प्रतिनिधि पात्र मात्र हई । ई क्लिनिक मे ओईसन कैयन घटना घटल स्वयं अस्पताल के चिकित्सक यादव स्वीकार कईले बाडन ।

क्लिनिक एगो मरेजी से बन्ध्याकरण मे दु बेर तक रोपेया असुले खातिर अईसन कर रहल बतावल गईल बा । रोपेया के खातिर मरेजी के जिउ ज्यान से खेलवाड करेवाला अईसन क्लिनिक आ डाक्टर उपर मरेजी के मरद जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा आ वीरगंज महानगरपालिका के स्वास्थ्य महाशाखा मे निवेदन दर्ता कराके कडा कारवाही के खातिर माग भी कईले बाडन ।

कम्पनि रजिष्ट्रार के कार्यालय मे वीरगंज मेरी स्टोप्स हेल्थ केयर नाम से दर्ता कईल बा । स्वास्थ्य निर्देशनालय सपही, धनुषा से लालबन्दी–१ सर्लाही रहेवाला संगिता कुमारी के नाम मे दर्ता कराके १० हप्ता तक के गर्भपतन सेवा करेके मात्र अनुमति लेहल मेरी सर्भिस सेन्टर के कार्यालय मे लटकावल प्रमाणपत्र मे उल्लेख बा । अनुमति लेहल आदमी वीरगंज बाहर कार्यरत्त रहल आ उनकर प्रमाणपत्र मात्र राख के सेवाग्राहीलोग के झुक्याके मेरी सर्भिस सेन्टर मरेजी के स्वास्थ्य से खेलवाड करत रोपेया असुलल बतावल गईल बा ।

ई सम्बन्ध मे डाक्टर राम नरेश यादव से बुझला पर मरेजी के कुरुवा के परामर्श देवेवाला आदमी जानकारी ना देहल आ हम दिन मे ८०÷८५ गो तक मिनी ल्याब करेनी आ कभो काल मानव भईला से गल्ती होखेला कहके गैरजिम्मेवार जवाफ देहनी । ई घटना मे भी हमरा से गल्ती भईल स्वीकार कईनी । मानव जिवन से खेलवाड करेवाला डाक्टर आ स्वास्थ्य संस्था उपर नियमनकारी निकाय से कडा से कडा कानुनी कारवाही के पिडितलोग माग कईले बाडन ।

मेरी सर्भिस सेन्टर लगे परिवार नियोजन के खातिर भरपर्दो मेरी स्टोप्स क्लिनिक रहला मे सेवाग्रहीलोग मेरी स्टोप्स मे ना जाके गलती से मेरी सर्भिस मे पुग रहल बतावल गईल बा । ठगी धन्दा चलावल मेरी सर्भिस जानाजान मेरी स्टोप्स लगे हि आपन क्लिनिक सञ्चालन करत आईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।