वीरगंज मे कोरोना संक्रमण से आउर ११ जने के मृत्यु

वीरगंज ३१ बैशाख

वीरगंज के अनेकन अस्पताल मे कोरोना संक्रमण से आउर ११ जने के मृत्यु भईल बा ।

नारायणी अस्पताल मे ८, नेशनल मेडिकल से बाबा होटल मे सञ्चालन कईल कोरोना अस्पताल, प्रभु अस्पताल आ स्पर्श मल्टी स्पेस्यालीटी हस्पिटल मे १÷१ जने के मृत्यु भईल बा ।

मृतक मेसे पर्सा के ७ जने, बारा के ३ जने आ रौतहट के १ जने बाडन । नारायणी अस्पताल मे रौतहट के गढीमाई नगरपालिका–५ के ४८ बरीस के पुरुष, वीरगंज–१६ नगवा के ८५ बरीस के जनानी, बारा के जीतपुर सिमरा उपमहानगरपालिका–७ के ५० बरीस के जनानी, पर्सा के बहुदरमाई नगरपालिका–४ डकैला बहुअरी के ५० बरीस के जनानी के मृत्यु भईल बा ।

एहितरे एक ६५ बरीस के पुरुष, वीरगंज– १५ के ५९ बरीस के पुरुष, पर्सा के सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका के– २ के ३८ बरीस के पुरुष आ बारा के कलैया उपमहानगरपालिका– १७ ब्रम्हपुरी के ३४ बरीस के जनानी के भी नारायणी अस्पताल मे मृत्यु भईल बा ।

एहितरे नेशनल मेडिकल कलेज बाबा होटल मे सञ्चालन कईल कोरोना अस्पताल मे जीतपुर सिमरा–४ रहेवाला ५५ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल बा । वीरगंज–१० रहेवाला ४६ बरीस के पुरुष के प्रभु अस्पताल मे ईलाज के समय मे मृत्यु भईल बा ।

स्पर्श मल्टी स्पेस्यालिटी हस्पिटल मे वीरगंज–१३ के ६८ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल बा ।

पर्सा मे एके दिन १६५ सङ्क्रमित मिललें

इहाँ आजु एके दिन १५६ कोरोना सङ्क्रमित मिलल बाडन । जिल्ला के अनेकन जगहा से सङ्कलन कईल २८८ गो स्वाब के नमूना के नारायणी अस्पताल के प्रयोगशाला मे परीक्षण कईला पर १८ से ९० बरीस उमिर समूह के १०७ पुरुष आ ४९ जनानी सङ्क्रमित मिलल बाडन ।

सङ्क्रमित मेसे सब से बेसी पर्सा ११४, बारा ३२, रौतहट चार आ सप्तरी तथा महोत्तरी के एक÷एक जने रहल नारायणी अस्पताल के कोभिड संयोजक डा सरोज रोशन दास जानकारी देहनी ।

मिलल सङ्क्रमित मेसे ८० प्रतिशत से बेसी मे बोखार, श्वासप्रश्वास मे समस्या तथा कडा निमोनिया जईसन लक्षण रहल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।