हिमालयन मावि के युवालोग द्धारा हिमालयन हेल्पीङ्ग हैण्डस गठन

बारा १४ फागुन
बारा मे हिमालयन मावि के युवालोग समुह गठन कईले बाडन । विस २०६४ के ब्याच के विधार्थीलोग शनिचर के दिने हिमालयन हेल्पीङ्ग हैण्डस समुह गठन कईले बाडन ।
हिमालय मावि के विधार्थी प्रणय साह के अध्यक्षता मे परवानीपुर मे बईठल बईठक से हिमालयन हेल्पीङ्ग हैण्डस समुह के अध्यक्ष अरुण कुमार साह रहेके निर्णय कईल बा । एहितरे समुह के सचिव मे सुशिल ठाकुर आ कोषाध्यक्ष मे आन्नद रौनियार रहल बाडन ।
समुह मे आवद्ध रहल हरेक विधार्थीलोग मासिक रुप मे एक हजार बचत करेके भी निर्णय कईले बाडन । बचत पईसा से कउनो साथी, गरिब, असहाय, भा विपद के समय मे सहजोग करेके प्रणय साह बतवले बानी ।
साथे साह के अध्यक्षत मे बईठल पहिलका बईठक से फागुन २८ गते श्री ओम शिव शक्ति बचत तथा ऋण सहकारी संस्था परवानिपुर मे होली मिलन कार्जक्रम के भी आयोजना करेके निर्णय कईले बा ।






