सवारी साधन रोक के लुटपाट कईल आरोप मे हथियार सहित दु जने पकडईलें

जनकपुरधाम ३ जेठ
निषेधाज्ञा के समय मे चलेवाला सवारीसाधन के रोकके लुटपाट करेवाला दु जने के सर्लाही से पुलीस हथियार सहित पकडले बा । पकडाएवाला मे ईश्वरपुर नगरपालिका–५ रहेवाला ३३ बरीस के रामकरण महतो आ २० बरीस के सुरेन्द्र सदा रहल बाडन ।
वैशाख २६ गते रात ईश्वरपुर नगरपालिका–४ स्थित पूर्व–पश्चिम राजमार्ग मे दु गो ट्रक के चालक आ एगो पिकअप गाडी के सहचालक के लुटपाट कईल आरोप मे पुलीस उलोग के पकडले बा ।
बीआर ३० यू ७७७३ नम्बर के मोटरसाइकल मे सवार उलोग के एक थान नलकटुवा पेस्तोल, ओमे प्रयोग होखेवाला दु राउण्ड गोली, एक थान सोना के हनुमानी आ चमकेवाला ज्याकेट सहित पकडल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय सर्लाही के प्रवक्ता मदन कुँवर जानकारी देहनी ।
डाईबर आ खलासी सँगे नगद ३७ हजार रोपेया अनेकन कम्पनी के पाँच थान मोबाइल, सोना के हनुमानी लगायत के सामान लुटल घटना मे उलोग संलग्न रहल मिलल पुलीस के कहनाम बा ।
पकडाईल दुनु जने डाँका तथा हाथहथियार खरखजना मुद्दा अन्तर्गत सर्लाही जिल्ला अदालत से १० दिन के म्याद थप के जरुरी अनुसन्धान हो रहल कुँवर बतवनी ।





