जय गुरुदेव सत्संग संस्था वीरगंज निःशुल्क खाना खिया रहल

वीरगंज २० बैशाख
जय गुरुदेव सत्संग संस्था गा.वि.स. रामगढवा वार्ड नं. ६ (अभी वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. २४) पर्सा गरिब, अतिबिपन्न के निःशुल्क रुप मे खाना खियावे के काम सुरु कईले बा ।
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. २४ रामगढवा बजरंग हल के पश्चिम आ ज्ञान्दा एकेडेमी के दक्षिण ओरी रहल संस्था के प्राङ्गण मे आजु से लकडाउन समय तक निःशुलक रुप मे खाना खियावे के काम सुरु भईल बा ।
कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के महामारी विश्वभर फईलल अवस्था मे गरिब, अतिबिपन्न वर्गसब के दैनिक गुजारा चलावे मे मुस्किल भईल अवस्था मे जय गुरुदेव सत्संग संस्था निःशुलक रुप मे खाना खियावे के काम सुरु कईला मे स्थानियबासीलोग भितरी मन से हि सराहना कईले बाडन ।
हरेक दिन सबेरे १०ः०० बजे से सँझिया ६ः०० बजे तक निःशुल्क रुप मे खाना खियावे के काम सुरु कईल संस्था के अध्यक्ष हरिशंकर प्रसाद रौनियार जानकारी देहनी ।
खाना व्यवस्थापन मे लागेवाला सभी खर्च संस्था के सभी पदाधिकारी आ सदस्यलोग से देवेके अध्यक्ष रौनियार बतवनी ।
खाना खियावे के उ कार्जक्रम मे संस्था के विकास कुमार गुप्ता, रमेश साह कानु लगायत १० जने के सक्रियता रहल अध्यक्ष रौनियार बतवनी ।






