कोरोना संक्रमण से वीरगंज मे आउर ११ जने के मृत्यु

वीरगंज ०३ जेठ

वीरगंज मे कोरोना संक्रमण से एके दिन मे ११ जने के मृत्यु भईल बा । नारायणी अस्पताल मे ७ जने, भवानी हस्पीटल मे २ जने, वीरगंज हेल्थ केयर आ स्पर्श मल्टी स्पेस्यालिटी हस्पीटल १÷१ जने के मृत्यु भईल बा । मृत्यु होखेवाला मे पर्सा के ५ जने, बारा के ५ जने आ सर्लाही के १ जने बाडन । वीरगंज मे एतवार के दिने मात्र १८ जने के मृत्यु भईल रहे ।

एकरा सँगे वीरगंज मे दुसरका लहर के कोरोना संक्रमण से मृत्यु होखेवाला के संख्या १ सय ७३ पुगल बा । जउना मे पर्सा जिल्ला बाहर के ८३ जने रहल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के प्रशासकीय अधिकृत विनय श्रीवास्तव जानकारी देहनी ।

नारायणी अस्पताल मे बारा के कलैया उपमहानगरपालिका–२४ के ५५ बरीस के जनानी के सोमार के सँझिया ७ः०५ बजे मृत्यु भईल बा । स्वास प्रश्वास मे समस्या भईला के बाद उनका के सोमार के दिने हि अस्पताल मे भर्ना कईल रहे । एन्टीजेन परीक्षण के समय मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद आइसोलेसन वार्ड मे राख के ईलाज चलत रहे ।

नारायणी अस्पताल मे वीरगंज–१३ राधेमाई टोल रहेवाला ५२ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल बा । वैशाख ३० गते एन्टीजेन परीक्षण के समय मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईला के बाद जेठ १ गते उनका के अस्पाल भर्ना कईल रहे । ईलाज के समय मे सोमार के सबेरे ९ः४० मे उनकर मृत्यु भईल नारायणी अस्पताल जनवले बा ।

नारायणी अस्पताल मे वीरगंज–८ गहवा रहेवाला ५२ बरीस के पुरुष के सोमार के सबेरे ३ः०५ बजे मृत्यु भईल बा । वैशाख २४ गते अस्पताल भर्ना भईल उनकर उहे दिन कईल एन्टीजेन परीक्षण पोजेटिभ आईल रहे । नारायणी अस्पताल मे बारा के बारागढी नगरपालिका गडहल निवासी ५० बरीस के जनानी के मृत्यु भईल बा । वैशाख २० गते एन्टीजेन परीक्षण के समय मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे आ स्वास्थ्य मे समस्या अईला के बाद बैशाख २३ गते अस्पताल मे भर्ना कईल रहे । ईलाज के समय मे सोमार के १ः५० बजे उनकर मृत्यु भईल अस्पताल जनवले बा ।

नारायणी अस्पताल मे वीरगंज–२२ के ४५ बरीस के पुरुष के सोमार के सबेरे ६ः०५ बजे मृत्यु भईल बा । स्वास्थ्य मे समस्या आके अस्पताल मे भर्ना भईल दिन वैशाख २० गते एन्टीजेन परीक्षण पोजेटिभ आईल रहे । नरायणी अस्पताल मे बारा के एक जने ४६ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल बा । ईलाज के समय मे सोमार के सबेरे पौने २ बजे उनकर मृत्यु भईल रहे । वैशाख २० गते अस्पताल भर्ना भईल उनकर उहे दिन कईल एन्टीजेन परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल रहे । उ पहिले से हि किड्नी के मरेजी रहलन ।

नारायणी अस्पताल मे सर्लाही के लालबन्दी– ४ रहेवाला ५५ बरीस के जनानी के सोमार के सबेरे ११ बजे मृत्यु भईल बा । जेठ १ गते अस्पताल भर्ना भईल उनकर बिहान भईला कईल पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल रहे ।

वीरगंज के भवानी हस्पीटल मे पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका– २ के ४८ बरीस के कोरोना संक्रमित के पुरुष के मृत्यु भईल बा । वैशाख २८ गते अस्पताल भर्ना भईल उनकर उहे दिन कईल एन्टीजेन परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल रहे । ईलाज के समय मे सोमार के सबेरे ७ः०५ बजे मृत्यु भईल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा । भवानी हस्पीटल मे पर्सा के सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका– २ के ७० बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल बा । वैशाख ३० गते भर्ना भईल उनकर पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट एतवार के दिने मात्र आईल रहे । ईलाज के समय मेम सोमार के दिन के सवा ३ बजे उनकर मृत्यु भईल अस्पताल जनवले बा ।

वीरगंज हेल्थ केयर अस्पताल मे वीरगंज–१० रहेवाला ६५ बरीस के पुरुष के सोमार के सबेरे पौने १२ बजे मृत्यु भईल बा । बैशाख १७ गते कोरोना संक्रमण पुष्टि होके स्वास्थ्य मे समस्या अईला के बाद उनका के वैशाख २२ गते अस्पताल भर्ना कईल रहे । स्पर्श मल्टी स्पेस्यालिटी हस्पीटल वीरगंज मे बारा के जीतपुर सिमरा उपमहानगरपालिका– ७ के ३८ बरीस के जनानी के मृत्यु भईल बा । स्वास प्रश्वास मे समस्या होके वैशाख १६ गते नारायणी अस्पताल मे पीसीआर परीक्षण करईला पर उनका कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे । उहे दिन स्पर्श मल्टी स्पेस्यालिटी अस्पताल मे भर्ना करके ईलाज के समय मे दिन के ३ बजे उनकर मृत्यु भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।