प्रदेश २ मे अक्सिजन उत्पादन आ वितरण के अनुगमन खातिर समिति गठन

जनकपुरधाम ४ जेठ
प्रदेश २ सरकार उद्योग से उत्पादन करेवाला अक्सिजन आ वितरण प्रणाली के बारे मे अनुगमन करेके भईल बा । एकरा खातिर समिति हि गठन कईल बा ।
प्रदेशस्तरीय कोरोना संकट व्यवस्थापन केन्द्र के मंगर के दिने जनकपुरधाम मे बईठल बईठक से अक्सिजन के अनुगमन के खातिर आन्तरिक मामिला तथा कानूनमन्त्री ज्ञानेन्द्र यादव के नेतृत्व मे समिति बनवले बा । समिति मे सुरक्षा निकाय के प्रमुखलोग सदस्य बाडन ।
प्रदेशभितर के अक्सिजन उद्योग से दोसर जगहा पठईला पर प्रदेश मे अक्सिजन के कमी देखल गईला से ओकर समाधान करे खातिर समिति गठन कईल मुख्यमन्त्री तथा मन्त्रिपरिषद् के कार्यालय जनवले बा । समिति प्रदेश भितर के उद्योग दैनिक उत्पादन करत आईल अक्सिजन आ हो रहल वितरण के बारे मे जानकारी देत एकर अनुगमन करी ।
अनुगमन समिति के मंगर के दिने बईठल बईठक से कोरोना संक्रमितलोग के ईलाज हो रहल प्रदेश भितर के सरकारी तथा निजी अस्पतालसब के अनुगमन करेके निर्णय भी कईले बा । एकरा खातिर मधेश स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान के उपकुलपति डा. रामकेवल साह के अध्यक्षता मे विज्ञ समूह गठन कईल बा । ई समिति प्रदेश भितर के अस्पतालसब के अनुगमन कईला के साथे अस्पतालसब के देवेवाला सुविधा के सम्बन्ध मे प्रदेश सरकार के सुझाव दि ।






