कोरोना संक्रमण से पर्सा, बारा, रौतहट के आउर ७ जने के मृत्यु

वीरगंज ०४ जेठ

वीरगंज आ कलैयाका अस्पताल मे गर के आउर ७ जने कोरोना संक्रमित के मृत्यु भईल बा ।

वीरगंज के नारायणी आ भवानी अस्पताल मे २÷२ जने, नेशनल से बाबा होटल मे सञ्चालन कईल कोरोना अस्पताल, वीरगंज हेल्थ केयर हस्पीटल आ बारा के कलैया अस्पताल मे १÷१ जने के मृत्यु भईल बा ।

नारायणी अस्पताल मे बारा के प्रसौनी गाँवपालिका–२ रहेवाला ४१ बरीस के पुुरुष के मंगर के दिने सबेरे १ः१० बजे मृत्यु भईल बा । वैशाख २० गते अस्पताल भर्ना भईल उनकर उहे दिन एन्टिजेन परीक्षण कईला पर कोरोना संक्रमण पुष्टी भईल रहे ।

नारायणी मे रौतहट के राजपुर नगरपालिका–१ बहुअर्वा के ६० बरीस के पुरुष के मंगर के सबेरे १ः३५ बजे मृत्यु भईल बा । वैशाख २८ गते स्वासप्रश्वास मे समस्या अईला के बाद उनका के अस्पताल मे भर्ना कईल रहे । उहे दिन कईल एन्टिजेन परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल रहे ।

बारा के फेटा गाँवपालिका– ३ बजारटोल रहेवाला ५२ बरीस के पुरुष के भी कोरोना संक्रमण से मृत्यु भईल बा । वैशाख ३१ गते उनका के नेशनल मेडिकल से बाबा होटल मे सञ्चालन कईल कोरोना अस्पताल मे भर्ना कईल रहे । वैशाख २ गते उनका कोरोना संक्रमण पुष्टी भईल रहे । ईलाज के समय मे मंगर के सबेरे साढे ११ बजे उनकर मृत्यु भईल अस्पताल के कोभिड संयोजक डा. सरोज रोशन दास जानाकरी देहनी । बारा के कलैया अस्पताल मे ईलाज के समय मे बारागढी– ६ गडहर रहेवाला ४५ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल बा । वैशाख १ गते स्वासप्रश्वास मे समस्या अईला के बाद कलैया अस्पताल मे ईलाज के खातिर भर्ना कईल रहे ।

एन्टिजेन विधि से कईल परीक्षण के समय मे उनका कोरोना संक्रमण पुष्टी भईल रहे । ईलाज के समय मे मंगर के सबेरे साढे ६ बजे मृत्यु भईल जानकारी अस्पताल से देहल जिल्ला प्रहरी कार्यालय बारा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी । बारा कोल्हवी–११ रहेवाला ५१ बरीस के जनानी के भवानी हस्पिटल मे ईलाज के समय मे मंगर के सबेरे १ बजे मृत्यु भईल बा । वैशाख १७ गते एन्टिजेन परीक्षण के समय मे उनका कोरोना संक्रमण पुष्टी भईल रहे ।

बारा के प्रसौनी गाँवपालिका–१ रहेवाला ७० बरीस के जनानी के सोमार के रात ९ बजे मृत्यु भईल बा । बैशाख २६ गते स्वासप्रश्वास मे समस्या देखल गईला के बाद उनका भवानी हस्पिटल मे भर्ना कईल रहे । बैशाख २९ गते कईल पीसीआर परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल अस्पताल जनवले बा । वीरगंज हेल्थ केयर अस्पताल मे वीरगंज–१५ रहेवाला ५८ बरीस के पुरुष के मृत्यु भईल बा । वैशाख २६ गते अस्पताल भर्ना भईल उनकर उहे दिन कईल एन्टिजेन परीक्षण के बाद कोरोना संक्रमण पुष्टी भईल रहे । ईलाज के समय मे सोमार के रात साढे ११ बजे उनकर मृत्यु भईल अस्पताल जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।