आलोचना कईला पर यथार्थ धरातल मे खडा होके छलफल करेके पडि : उपनेता नेम्वाङ

काठमाण्डु ४ जेठ,
नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) के संसदीय दल के उपनेता सुवासचन्द्र नेम्वाङ प्रतिपक्षी दललोग सरकार के नीति तथा कार्जक्रम के आलोचना कईला पर यथार्थ मे खडा होके छलफल करके निष्कर्ष मे पुगला पर बढिया होखेके बिचार रखले रहनी ।
प्रतिनिधिसभा के आजु के बईठक मे नेपाल सरकार के आगामी आर्थिक बरीस के नीति तथा कार्जक्रम उपर के छलफल के समय मे उ नीति तथा कार्जक्रम कोरोना केन्द्रित आ वर्तमान समस्या के सम्बोधन करेमे हि केन्द्रित रहल स्पष्ट कइनी ।
वर्तमान सङ्कट सम्बन्ध मे नीति निर्माण से पहिले हि अनेकन चरण मे छलफल भईल आ उहे मुताविक हि नीति कार्जक्रम आईल उनकर कहनाम रहे ।
उ कहनी कि, “नीति तथा कार्जक्रम से अभी के कोरोेना के समस्या के सम्बोधन करेके प्रयत्न कईले बा ।
कोरोना के सङ्क्रमित के अवस्था अभी सामान्य बा आ अभी जटिल बने सकेके ओरी सरकार सजग रहल बा ।
कोरोना के प्रभाव मे पडल समुदाय आ आदमी के राहत के व्यवस्था करेके नीति तथा कार्जक्रम मे उल्लेख बा ।”
साथे उपनेता नेम्वाङ नीति तथा कार्जक्रम के बारे मे सदन मे उठल आवाज के भी सरकार से ध्यान देवेके बात मे जोड देहनी ।
कोरोना के प्रभाव के सम्बोधन करेवाला किसिम से सरकार से काम कर रहल बतावत उ वितल समय के सन्दर्भ के भी समेट के कैयन बातसब नीति मे समेटला के चलते विस्तृत देखल गईल हो सकेके जानकारी देहनी ।
इहे सदन मे भईल दलसब एकताबद्ध होके बितल समय मे संविधान जारी करके आजु के अवस्था तक आईल प्रसङ्ग उल्लेख करत उपनेता नेम्वाङ ओकरा एने उठल कुछ माग आ आवाज के भी छलफल करत निष्कर्ष मे पुगे सकेके बिचार रखनी ।
अब शान्ति आ प्रजातन्त्र के खातिर आन्दोलन करेके भईल बतावत उ नीति तथा कार्जक्रम मे शान्ति प्रक्रिया भी जलदी टुङ्गो मे पुगावे के उल्लेख कईल जानकारी करवनी ।
शान्ति प्रक्रिया के बाँकी काम जरुरी कानून बना के दु बरीस मे ओरवावेके आ उ विषय नीति तथा कार्जक्रम मे भी रहल जानकारी करवनी ।
“कोरोनाविरुद्ध के लडाइँ मे हमनी सभी एक बानी आ एकरा के निरन्तता देके मात्र ई विरुद्ध के लडाइँ जितल जा सकता ।
नीति कार्जक्रम से लोकतन्त्र के सम्बन्ध मे संविधान भईल आधारभूत विशेषता के भी उल्लेख कईले बा”, उ कहनी ।
उ भूकम्प से देश क्षतविक्षत भईल समय पडोसी से नाकाबन्दी लगावल, दु पडोसी से नेपाल के ना पुछ के नेपाल के भूमि अतिक्रमण भईल स्थान के बारेमे कईल सम्झौता विरुद्ध अगाडि बढेके दृढता व्यक्त कइनी ।
उ कहनी कि, “इहे सरकारभूपरिवेष्टित देश के रुपमे रहल नेपाल के भूजडित बनावल बारे मे भी जानकारी करवनी । साथे अब नेपाल मे नाकाबन्दी ना होखे के भी स्पष्ट कइनी ।”
निरोगी नेपाल निर्माण करेके, समृद्धि के खातिर वन, स्वच्छ नेपाल, रोजगारी, आर्यआर्जन के साथे अब केहु भुखे ना रहिअन भुखे केहु ना मरी, कृषि के आउर आधुनिकीकरण, स्वदेशी वस्तु के उपभोग कईल जाँव लगायत के कार्जक्रम महत्वपूर्ण भईल बारे मे उ जानकारी देहनी ।
भ्रष्टाचार उपर सरकार के शून्य सहनशीलता नीति सरकार के कार्जक्रम मे समेटल बतावत उ कानून मुताविक भ्रष्टाचार करेवाला उपर कारवाही करेके बतवनी ।
उपनेता नेम्वाङ प्रसारण लाइन निर्माण करके भारत आ बङ्गलादेश तक जलविद्युत् निर्यात करेके बारे मे भी नीति तथा कार्जक्रम मे उल्लेख बा कहनी ।
नीति तथा कार्जक्रम मे उल्लेख भईल मुताविक नेपाल के अतिक्रमित भूमि समेट के नेपाल के नक्सा जारी होखेके बतावत उ सभी एकताबद्ध होके अगाडि बढेके आ जनता के निराशा ना आशा देवेके कहनी ।





