बारा मे एके परिवार के दु जने लईका के हत्या

प्रभु यादव
बारा ०४ जेठ
बारा मे एके परिवार के दु गो लईका के हत्या हत्या भईल बा । कलैया उपमहानगरपालिका ७ रङगपुर के अब्दुल गफार के बेटालोग ९ बरीस के उस्मान अन्सारी आ ७ बरीस के अमिन अन्सार के हत्या भईल बा ।
गाँव मे निर्माणाधीन मदर्शा परिसर मे उ दु लईका के घेँट रेत के हत्या कईल अवस्था मे मंगर के सबेरे लास मिलल बारा के प्रहरी प्रवक्ता प्रहरी नायव उपरीक्षक गौतम मिश्र जानकारी देहनी ।
सोमार के सँझिया साढे बजे घर से सँगे बाहर निकलल उ दुनु लईका के लासउ मंगर के सबेरे गाँव के मदरशा परिसर भितर घेँट रेत के हत्या कईल अवस्था मे मिलल मिश्र बतवनी ।
वार्ड अध्यक्ष सैफुल्लाह मिया के मुताविक उ दुनु मृतक लईका के बाबु अब्दुल वैदेशिक रोजगारी के शीलशीला मे ३ बरीस से कतार मे बाडन । माई मीना खातुन के मुताविक सोमार के दिने आपन फुवा के बेटा के मृत्यु भईल खबर मिलला से जितपुरके टेढा गइल रहनी ।
सोमार रात घर फिर्ता भईल माई घर मे दुनु बेटा नाभ ईल देखला के बाद गाँवकेलोग के सहजोग मे खोजि कईला पर भी उ दुनु लईका मिलल ना रहलन । मंगर के सबेरे बकरी चरावे गईल गाँव के लईका मदर्शा परिसर मे दु लईका के लास देखला के बाद गाँवकेलोग के खबर कईल वार्ड अध्यक्ष मिया बतवनी ।
मृतक दुनु लईका के लास पोष्टमार्टम के खातिर कलैयास्थित जिल्ला अस्पताल मे राखल गईल बा । घटनास्थल मे तालिम प्राप्त कुकुर के सहजोग मे अनुसन्धान हो रहल प्रहरी नायव उपरीक्षक मिश्र जानकारी देहनी । उ कहनी,’ हत्या के आ काहे कईल कहके खुलल नईखे, ई बारे मे पुलीस अनुसन्धान कर रहल बा ।
घटना मे संलग्न भईल आशंका मे २५ बरीस के एक युवक के पुलीस नियन्त्रण मे लेके अनुसन्धान हो रहल प्रवक्ता गौतम मिश्र बतवनी ।





