नेकपा एकीकृत समाजबादी के बहुदरमाई आ पकाहामैनपुर मे कमिटी गठन

वीरगंज ०८ कुवार
नेकपा एकीकृत समाजबादी बहुदरमाइ नगरपालिका वार्ड न. ४ के कमिटी गठन भईल बा ।
बहुदरमाइ वार्ड नं. ४ स्थित बिश्रामपुर टोल मे भईल भेला से चन्द्रिका प्रसाद कलवार के अध्यक्षता मे ३५ सदस्यीय कमिटी गठन कईले बा । नव गठित कमिटी के उपाध्यक्ष मे बिरेन्द्र यादव, सचिव मे डा . कमोद ठाकुर, सह–सचीव मे सन्जय कलवार आ सदस्यलोग क्रमश नवदिन राय भट, जितेन्द्र कुशवाहा, ध्रुप सागर गुप्ता, भगवान साह तेलि, हेवन्ती देबी, फुलमती देबी, जितेन्द्र कुशवाहा, सन्जय साह रौनियार लगायत रहल बाडन ।
उ भेला मे पार्टी के प्रदेश कमिटी सदस्य किशोरी कुशवाहा, जिल्ला सचिवालय सदस्य एवं बहुदरमाइ नगरपालिका अध्यक्ष मोहन यादव, सचिव ब्रहमदेव गुप्ता लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी आ सञ्चालन डा. कमोद ठाकुर कईले रहनी ।
एहितरे नेकपा एकीकृत समाजबादी पकाहामैनपुर गाँवपालिका कमिटी गठन भईल बा ।
पकहामैनपुर गाँवपालिका के लाहावरथकरी मे भईल भेला से मदन हजारा पासवान के ५५ सदस्यीय कमिटी गठन भईल बा ।
नव गठित कमिटी के उपाध्यक्ष मे हमिद मिया, सन्तोष चौरसिया, सचिव मे रामसेवक पाण्डे, सह–सचिव मे रामप्रबेस राम, खुबलाल राम आ सदस्यलोग मे क्रमश सुखाडि महतो लगायत रहल बानी ।
पार्टी जिल्ला कमिटी सदस्य प्रभु कुर्मी के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे पर्सा अध्यक्ष बालगोपाल थापा, प्रदेश कमिटी सदस्य किशोरी कुशवाहा, जिल्ला सचिवालय सदस्यलोग बृजलाल पासवान, राघव साह, मोहन यादव लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहलन । हमिद मिया से संचालन कईल कार्जक्रम के स्वागत मन्तब्य मदन हजरा पासवान कईले बाडन ।






