नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. ठाकुर के सरुवा, प्रधान नियुक्त

वीरगंज ०६ जेठ
नारायणी अस्पताल के निमित्त मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट मे डा. वीरेन्द्र प्रधान नियुक्त भईल बानी । मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट (मेसु) डा. सञ्जय ठाकुर के काठमाण्डु के वीर अस्पताल मे सरुवा भईल स्रोत बतवले बा ।
पहिलका लहर के कोरोना महामारी चल रहल समय डा. ठाकुर सरुवा भईल रहलन । कोरोना संक्रमित श्रीमती के ईलाज के खातिर डा. ठाकुर एतवार के दिने बालबच्चासहित काठमाण्डु गईल रहलन ।
कोरोना संक्रमण के दुसरका लहर मे डा. ठाकुर के नेतृत्व मे ४ बेड के आइसोलेसन सेन्टर के १ सय २५ पुगावल रहे । माकिर मेसु. डा. ठाकुर अस्पताल के व्यवस्थापन बढिया से ना कईल कहके आलोचना भी भईल रहे ।
कोभिड महामारी मे खटल कर्मचारी के भत्ता वितरण, आइसोलेसन के नेतृत्व लगायत के विविध विषय मे बात ना मिलला पर अस्पताल मे एगो पक्ष डा. ठाकुर से रुष्ट रहे ।
निमित्त प्रमुख मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. प्रधान बियफे से हाजिर कईले बानी । उ कोरोना महामारी नियन्त्रण के हि पहिलका प्राथमिकता मे राख के निचलका तह से सुधार के प्रयास करेके प्रतिबद्धता जनवले बाडन ।
‘हाजिर कईला के बाद आजु दिनभर बईठक बईठल बानी, बिहान भी बईठक रखले बानी । ग्रास रुट से हि कुछ सुधार कईल जाँव कहके बा । कार्यालय सहजोगी, सरसफाइ के कर्मचारी आ गार्ड से बात कइनी’ कहत उ ‘दु चार महिना भितर कोरोना महामारी के नियन्त्रण मे लेके कुछ करे सकला पर आउर बात के योजना बनावेके पडि ।’






