वीरगंज के मुर्ली मे पुलीस आ मछरी व्यापारी बीच झडप

वीरगंज ०७ जेठ

बीरगंज महानगरपालिका वार्ड नम्बर १३ मुर्ली पोखरा लगे मछरी ब्यापारी आ पुलीस बीच झडप भईल बा ।

बीरगंज के मुर्ली पोखरा मे पुलीस आ मछरी ब्यापारी बीच झडप भईला पर एक जने प्रहरी सहायक निरिक्षक आ दु जने प्रहरी जवान तथा एक जने व्यापारी करके चार जने घायल भईल बाडन ।

पर्सा जिल्ला मे कोभिड संक्रमण के संख्या बढत गईला के बाद स्थानिय प्रशासन निषेधाज्ञा जारी कईले बा । निषेधाज्ञा के उलंघन करत मुर्ली पोखरा मे भिडभाड करके मछरी बेंच रहल समय वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर के पुलीस टोली मछरी ब्यापारी के हटावेके खोजला पर झडप भईल रहे । मछरी बेंचेवाला जनानी के हटावेके खोजला पर उ जनानी पुलीस जवान अमरेद्र कुशवाहा के मुडि पर मारके घायल बनवला के बाद पुलीस सामान्य बल प्रयोग कईले रहे ।

झडप मे पर के प्रहरी सहायक निरिक्षक सिकेन्द्र प्रशाद साह कानु आ प्रहरी जवान देबी लाल साह आ जवान अमरेद्र कुशवाहा घायल भईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा जनवले बा । एहितरे मछरी व्यापारी एक जने जनानी भी घायल भईल बाडि ।

स्थानिय प्रशासन कोरोना महामारी के नियन्त्रण करे खातिर निषेधाज्ञा लगईला पर भी मछरी लगायत के आउर ब्यापारीलोग जगहा जगहा मे भिडभाड करके सामानसब बेंचला से जोखिम बढ रहल बा । झडप मे पुलीस एक जने जनानी आ सात जने पुरुष करके ८ जने स्थानीय व्यपारीलोगके नियन्त्रण मे लेहले बा ।

घायल प्रहरी अमरेद्र कुशवाहा के खासे ठिक ना रहल आ आउर पुलीस के अवस्था सामान्य रहल ईलाज हो रहल तराई अस्पताल स्रोत जनवले बा ।

घायल उ जनानी के अवस्था भी सामान्य रहल जनावल गईल बा । घटना के बारे मे आउर अनुसन्धान हो रहल पर्सा पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।