मनोमानी शुल्क ना लेवे खातिर निजी अस्पताल से वीरगंज के मेयर के निहोरा

वीरगंज ११ जेठ

वीरगंज महानगरपालिका से संकट के समय मे नागरिक सँगे मनोमानी रुप मे शुल्क ना लेवे खातिर निजी अस्पताल से निहोरा कईले बा ।

महानगरप्रमुख विजयकुमार सरावगी मंगर के दिने विज्ञप्ति जारी करके संकट के समय मे नागरिक से मनोमानी शुल्क ना लेवे खातिर निजी अस्पताल के निहोरा कईले बानी ।

कानुन विपरीत शुल्क उठावल मिलला पर ओईसन अस्पताल के कारवाही के दायरा मे लियावे खातिर महानगर प्रमुख के दावी बा ।

कोरोना भाइरस के चलते समुदाय हि समस्या मे पडल स्थिति मे मानवीय सेवा के उच्च भावना से काम करेके आ संक्रमित मरेजी के ईलाज मे संवेदनशील होखे खातिर मेयर सरावगी निजी अस्पताल सञ्चालक से निहोरा कईले बाडन ।

‘वीरगंज मे अनेकन सामाजिक संघ संस्था आ आदमीसब भी संक्रमित आ अप्ठ्यारो मे पडल परिवारसब के सहजोग करे खातिर हाथेमालो कर रहल बानी । अस्पताल से करेवाला सेवा मे भी अईसन भावना प्रकट होखी कहके विश्वास महानगर लेहले बा’ विज्ञप्ति मे कहल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।