जीराभवानी गापा के १ आ २ के नमुना टोल बनावे खातिर अनुगमन

मेघराज राय

जीराभवानी २४ कुवार

जीराभवानी गाँवपालिका अन्तर्गत के दु गो नमूना बस्ती मे पूर्ण सरसफाइ के खातिर अनुगमन कईल बा ।

युनएन हेभिटास के सहजोग मे विकास नेपाल जीराभवानी गापा–१ आ २ शान्तिटोल तथा काठमाण्डु टोल मे अनुगमन कईले बाडन ।

दु गो बस्ती ५ बरीस पहिले खुला पैखानामुक्त घोषणा भईल रहे माकिर तत्कालीन अवस्था मे बनल सिपटीसब के देवाल, छाना बिगडला के चलते फेनु सरसफाइ कईल बा ।

काठमाण्डु टोल मे वार्ड कार्यालय प्रतिघरधुरी १२५ गो ब्लक आ सिमेन्ट उपलब्ध करवले बा । ई बरीस उ टोल मे शत प्रतिशत घर मे सिपटी निर्माण होखेके बतावल गईल बा ।

एहितरे वार्ड नं.१ शान्तिटोल मे आपन लगानी मे सभी केहु सिपटी बनावल सरसफाइ समिति के अध्यक्ष रविमोहन सापकोटा बतवनी ।

अनुगमन मे गापा उपाध्यक्ष उषादेवी थरूनी, वार्ड सदस्य सोमनाथ सापकोटा, नन्दकिशोर साह, श्रीकान्तीदेवी, शङ्कर पटवारी सँगे सञ्चारकर्मीलोग आरके पटेल, ओमप्रकाश चौधरी, भूषण यादव, रितेश त्रिपाठी, राजेन्द्रसिंह राजपूत, कृष्णमोहन साह, मेघराज राय सहभागी रहल युएन हेभिटास के जिल्ला संयोजक सरोज चौरसिया बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।