नागरिकता वितरण भईल हल्ला निराधार ः पर्सा प्रशासन

वीरगंज १२ जेठ
निषेधाज्ञा समय मे बडका भिडभाड जम्मा करके बहुते नागरिकता वितरण भईल कहके हल्ला निराधार रहल जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा जनवले बा । कार्यालय के सूचना सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी भिमकान्त पौडेल बुध के दिने प्रेस विज्ञप्ति जारी करत नागरिकता वितरण ना भईल बतववले बाडन ।
जिल्ला प्रशासन कार्यालय के नाम जोड के अभी समाजिक संजाल मे नागरिकता वितरण सम्बन्धी विषय के लेके भईल पोष्ट आ आईल समाचारसब उपर ई कार्यालय के गम्भीर ध्यानाकर्षण भईल विज्ञप्ती मे उल्लेख बा ।
‘नयाँ भेरियन्ट सहित के कोभिड–१९ के संक्रमण के बढल अवस्था के नियन्त्रण, रोकथाम आ संक्रमण के श्रृंखला तुरे खातिर बैशाख १६ गते से हि पर्सा जिल्लाभर लागु होखेवाला किसिम से निषेधाज्ञा लागु कईल बा । निषेध आदेश अभी तक जारी बा ।
निषेधाज्ञा जारी भईल अवस्था मे कार्यालय से शान्ति सुरक्षा कोभिड नियन्त्रण से सम्बन्धित कार्य एवं जरुरी काम बाहेक आउर सभी किसिम के सेवा प्रवाह अभी स्थगन कईल बा । तसर्थ नागरिकता वितरण के काम भी ई निषेधाज्ञा समय मे ना कईल एंव ना भईल व्यहोरा स्पष्ट कईल जाता ।’ सहायक प्रजिअ पौडेल विज्ञप्ती मे लिखले बानी ।
निषेधाज्ञा समय मे बहुते भिडभाड जम्मा करके बहुते नागरिकता वितरण भईल कहके सामाजिक संजाल मे भाइरल बनावल गईल भिडियो फुटेज पुराना रहल प्रशासन विज्ञप्ती मे मार्फत स्पष्ट कईले बा ।
‘सामाजिक संजाल मे भईल पोष्ट एंव आईल समाचारसब आधारहीन, सत्य आ कपोल कल्पित बा । प्रशासन के प्रयास कोभिड–१९ संक्रमण के नियन्त्रण रोकथाम आ ईलाज व्यवस्थापन मे केन्द्रित बा ।’ विज्ञप्ती मे कहल गईल बा ।
भोटा. संवाददाता÷
वीरगंज १२ जेठ,