पर्सा से एसईई मे १० हजार २५३ जने परीक्षार्थी सहभागी होखिहें
पर्सा से एसईई मे १० हजार २५३ जने परीक्षार्थी सहभागी होखिहें

वीरगंज १४ चईत
बियफे (आजु) से सुरु होखे जा रहल माध्यमिक शिक्षा परिक्षा (एसईई) मे पर्सा जिल्ला से १० हजार २५३ जने परीक्षार्थी सहभागी होखेके जनावल गईल बा । ई बरीस के एसईई मे पर्सा जिल्ला से नियमित, प्राविधिकधार आ ग्रेडबृद्धि ओरी करके कूल १० हजार २५३ जने परीक्षार्थी सहभागी होखेके शिक्षा विकास तथा समन्वय इकाई पर्सा जानकारी देहले बा ।
नियमित ओरी ९ हजार ५२५ जने, प्राविधिकधार ओरी १८५ आ ग्रेडवृद्धि ओरी ५४३ जने परिक्षार्थी एसइई मे सहभागी होखेके शिक्षा विकास तथा समन्वय एकाई पर्सा के परिक्षा सहायक गोपाल साह जानकारी देहनी । उनका मुताविक, पर्सा मे ई बरीस बितल बरीस से ई बरीस ५२८ जने बेसी परीक्षाथर्थी एसईई मे सहभागी होत बाडन । बितल बरीस के एसईई मे पर्सा से ९ हजार ७२५ जने परीक्षार्थी सहभागी भईल रहलन ।
पर्सा मे एसईई के खातिर २६ गो परीक्षा केन्द्र तोकल गईल साह जानकारी देहनी । बियफे से सुरु होखेवाला एसईई चईत २७ गते तक सञ्चालन होखी ।
ई बरीस के एसईई मे देशभर से सामुदायिक तथा संस्थागत करके १० हजार ८०६ गो विद्यालय के करके दु लाख ५० हजार सात सय ७२ लईकी, दु लाख ५३ हजार छ सय २७ लईका आ आउर १५ जने करके कूल ५ लाख ४ हजार ४१४ जने परीक्षार्थी सहभागी होत बाडन । देशभर २ हजार ६४ गो परीक्षा केन्द्र तोकल गईल राष्ट्रिय परीक्षा बोर्ड जनवले बा ।






