पिटपाट के भिडियो भाइरल भईला के बाद डीएसपी उपर छानबिन

वीरगंज १३ जेठ

वीरगंज मे सर्जिकल दोकान मे कर्मचारी पिटपाट कईल भिडियो सार्वजनिक भईला के बाद प्रहरी नायब उपरीक्षक (डीएसपी) प्रल्हाद कार्की विवाद मे तानाईल बाडन ।

उ पानीट्याङ्की स्थित प्याथो सर्जिकल हाउस के कर्मचारी अफ्रोज अहमद के बुध के दिने सबेरे साढे १० बजे पिटपाट कईल भिडियो अभी सामाजिक संजाल मे भाइरल भईल बा । दोकान के सीसीटीभी क्यामेरा मे कैद भईल उ भिडियो मे डीएसपी कार्की आक्रोशित होके अहमद के पिटपाट कईल देखल गईल बा ।

‘पुलीस के ज्यादती कहके चिलाएवाला तुहे हई ? भिडियो भाइरल करईबे ?’ कहत उ लाठ्ठी हाथ आ गोड से मारल भिडियो मे देखल गईल बा । डीएसपी कार्की समय समय मे मोबाइल देखेलन । फेनु आक्रोश मे आवेलन आ दोकान के कर्मचारी के पिटेलन । दोकान के कर्मचारी ‘गल्ती भईल सर माफ करी’ कहत दु हाथ जोडेडलन । माकिर डीएसपी कार्की शान्त ना होखेलन ।

पुलीस मेडिकल दोकान के आरीपाछि खुलल किराना दोकानसब बन्द करावेके समय मे भिडियो खिचल आरोप अहमद के लागल बा । पुलीस उनकर मोबाइल भी लेगईल बा ।

दोकान के सञ्चालक करण पटेल भिडियो खिच के गल्ती हि कईला पर भी पुलीस से निर्घात पिटपाट करे ना मिलेके बतवनी । ‘भिडियो कल मे बातचीत करत बाहर निकलल रहलन । पुलीस के भिडियो खिचल जईसन लागल मात्र ह कहले बाडन’ कहत उ ‘खिचल होई त मोबाइल मे भिडियो होखी, गल्ती कईले रहतन त पुलीस कानुनी कारबाही के खातिर प्रक्रिया अगाडि बढावेके पडि । मेडिकल उपकरण भईल दोकान भितर घुसके पिटपाट कईल कहाँ के न्याय ह ?’

कारबाही करेके माग

नेपाल शल्य तथा रासायनिक संघ वीरगंज डीएसपी कार्की अमानवीय व्यवहार कईल कहत कारबाही करेके माग कईले बा ।

संघ के अध्यक्ष सुशील खेतान प्रमुख जिल्ला अधिकारी के ज्ञापनपत्र बुझावत भविष्य मे अईसन व्यवहार ना होखेके अपेक्षा भी रखले बाडन ।

छानबिन समिति गठन

प्रदेश २ प्रहरी कार्यालय डीएसपी कार्की से गैरव्यवसायिक व्यवहार भईल निश्कर्ष निकाल के छानबिन सुरु कईले बा । कार्यालय के प्रवक्ता भी रहल प्रहरी उपरीक्षक कृष्ण प्रसाई के नेतृत्व मे तीन सदस्यीय समिति गठन कईल बा ।

निषेधाज्ञा पालना करावेके समय मे दोकान सञ्चालक उपर पुलीस से कईल गैर व्यवसायिक व्यवहार के चलते कार्यालय के गम्भीर ध्यानाकर्षण भईल कहत प्रदेश प्रहरी कार्यालय विज्ञप्ति मे अनुसन्धान सुरु कईल जनवले बा । दोषी देखल गईला पर प्रहरी नियमावली मुताविक कारवाही करेके एसपी प्रसाईं बतवनी ।

‘भिडियो सरसर्ती देखला पर पुलीस कर्मचारी से कमजोरी भईल देखल गईल बा । माकिर अगाडि का भईल रहे वास्तविकता बुझेके पडि’ कहत उ ‘अनुसन्धान के बाद दोषी देखल गईला पर पुलीस कर्मचारी के कारबाही कईल जाई ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।