ईतिहास, संस्कृति, परम्परा आ जनसंख्या के आधार मे नेपाल स्वयंसिद्ध हिन्दु राष्ट्र बा : उप्रेती

वीरगंज १२ चईत

हिन्दु राष्ट्र स्वाभिमान जागरण अभियान वीरगंज मे ‘प्रबुद्ध नागरिक गोष्ठी एवम् साहित्य परिचय’ कार्जक्रम भव्य रुप मे पुरा कईले बा । वीरगंज स्थित जैन धर्मशाला मे आयोजना कईल गोष्ठी कार्जक्रम के सम्बोधन करत नेपाली चलचित्र के नायक एवं समहुदी फाउन्डेशन के अध्यक्ष निलिख उप्रेती ईतिहास, संस्कृति, परम्परा आ जनसंख्या के आधार मे नेपाल स्वयंसिद्ध हिन्दु राष्ट्र हि रहल बतवनी ।

उ हिन्दु धर्म संस्कृति बैज्ञानिक संम्वत् बा, विज्ञान भी हिन्दु धर्म संस्कृति मुताविक हि चलत आईल बा एकरा के जोगावे ना सकला पर आवेवाला दिन मे नेपाल से भी धिरे धिरे लोप होखेके उ चिन्ता व्यक्त कईनी । नेपाल मे हिन्दु धर्म गौण होत जा रहल बा, आ बनावटी सिकिम के धर्म से छ्यापछ्याप्प हो रहल बा, कहत उ ‘एकरा के समय मे नियन्त्रण करे ना सकला पर हमनी के अस्तित्व हि समाप्त होखी ।’

नेपाल मे नेपाली जनता के चलते हिन्दु राष्ट्र गुमावेके परल बा । कहत उ, ‘हमनी के देश, गाँव, परम्परा, भाषा आ रहन सहन रहे, हमनी कहुँ ना कहुँ चुकके विदेशीलोग के प्रभाव मे परके बडका गल्ती कईले बानी जउना के चलते हमनी के परम्परा, मुल्य मान्यता दबाईल बा ।’

धर्मनिरपेक्षता संगे देश के नयाँ पिडिमा नयाँ छाप छोडले बा धर्म, संस्कृति के ज्ञान कमी के चलते हिन्दुधर्म के रुढीवादी सोच ओरी धकेलले बा । प्रायोजित एजेण्डा मुताविक देश मे हिन्दु धर्म के सूत्र के समाप्त परेके युवापिडी के प्रयोग करेके काम हो रहला से समय मे आपन धर्म संस्कृति के जर्गेना मे ध्यान पुगावल जरुरी रहल बतवनी ।

कार्जक्रम मे राजनितिक विश्लेषक डा. देवेश झा धर्मनिरपेक्षता के नाम मे समाज मे हिन्दु धर्म विरुद्ध भ्रम फईलावे के काम हो रहला से एकरा के आपन मूल चिनेके बतवनी । उ कहनी, हमनी खुद के चिन्हले नईखी, ना आपन बारे मे बुझले बानी, ना त आपन गौरव करे लायक चिजसब चिनले नईखन ।

हमनी के राष्ट्र के हजारो बरीस पुराना विशिष्ट पहिचान हिन्दुत्व हि रहला से एकर संरक्षण कईल जरुरी रहल बतवनी । हिन्दुत्व अर्थात हिन्दू भईला के भाव, एकरा के हिन्दुत्व रुपी पहिचान के राष्ट्र से छोडला पर देश केवल एगो भूखण्ड मात्र रही ओहिसे हिन्दुत्व हमनी के राष्ट्र के आ इहाँ के समाज के तथा हजारो बरीस से चलत आईल हमनी के महान् परम्परा के प्रतीक रुप भईला से एकर सम्रक्षण करे खातिर घर घर मे पुग के हिन्दु के लगावल जरुरी रहल बतवनी ।

कार्जक्रम मे बरिष्ठ समाजसेवी अशोक बैद्य विश्व के एक मात्र नेपाल हिन्दु राष्ट्र भईला मे एकर पहिचान भी देश के नेतालोग मासेके काम कईल आरोप लगवनी । जनता के जनमत हि लेके देश के धर्म निरपेक्ष घोषणा कईला के चलते विश्व के एक मात्र पहिचान हिन्दु राष्ट्र ओराईल बा । कहत उ, ‘विदेशी के ईसार मे आर्थिक प्रलोभन मे नेपाल के धर्मनिरपेक्ष घोषणा कईल आरोप लगवनी ।’

कार्जक्रम के संयोजक माधव राजपाल नेपाल के एक विशेष धर्म हिन्दु विरोधी गतिविधि करत आईल आरोप लगवनी । कहत उ, लव जिहाद के माध्यम से हिन्दु चेलीबेटी के प्रभाव मे पार के वियाह करेके आ जनसंख्या बृद्धि करके आपन संख्या मे बृद्धि करके समाज मे समाजिक गतिविधि करेके खोजल आरोप भी लगवनी ।

कार्जक्रम मे नायक निखिल उप्रेती, राजनितिक विश्लेषक देवेश झा, बरिष्ठ समाजसेवी अशोक बैद्य, कार्जक्रम संयोजक माधव राजपाल, बाबा बजरंगी दास आ अभियान के जिल्ला संयोजक सत्रुधन गिरी ‘हिन्दुराष्ट्र नेपाल’ नामक तईयार कईल पुस्तक के संयुक्त रुप मे विमोचन भी कईले रहलन ।

एन प्याप्सन पर्सा के अध्यक्ष राम श्रेष्ठ, प्याप्सन नगर अध्यक्ष आलोक चौरसिया, संघ के जिल्ला संघचालक ललन द्धिवेदी, हिन्दु स्वयंसेवक संघ के विभाग सेवा प्रमुख रामेश्वर गुप्ता, काँग्रेस युवा नेता राकेश यादव लगायत कार्जक्रम के अतिथिलोग के माया के चिन्हो, तथा गम्छा ओढाके सम्मान कईल गईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।