पर्सा के अधिकांश स्थानीय तह सार्बजनिक सूचना लुका रहल

मेघराज राय

जिराभवानी १४ जेठ

आर्थिक बरीस २०७७÷०७८ ओराए मे करिब दु महिना बाकी रहला पर भी पर्सा के अधिकांश स्थानिय तह आर्थिक गतिविधि के सूचना सार्वजनिक ना कईल मिलल बा ।

सरकार के निति मुताविक हरेक स्थानिय तह के गतिविधी तथा आर्थिक आय व्यय के जानकारी स्थानिय तह के वेभसाइट मार्फत सार्वजनिक करेके प्रवधान रहल बा । पर्सा के अधिकांश स्थानिय तह आर्थिक गतिविधि तथा योजना परियोजना शिर्षक मे खर्च कईल रोपेया अनियमित्ता के पोल खुलेके डर से सार्वजनिक करे नईखे सकल ।

पर्सा के विन्दवासनी, पकहामैनपुर, धोविनी, छिपहरमाई, सखुवाप्रसौनी, पटेर्वासुगौली, जगरनाथपुर, जिराभवानी, ठोरी, पर्सागढी लगायत के गाँवपालिकासब आपन अफिसियल वेभसाईट मे सार्वजनिक ना कईल मिलल बा आ कालिमाई गा.पा. आर्थिक गतिविधि के तथा योजना परियोजना के प्रगति प्रतिवेदन वेभसाईट मार्फत सार्वजनिक कईले बा । सरकार से सार्वजनिक सूचना तथा आर्थिक गतिविधी के जानकारी स्थानिय तह के आधिकारिक वेभसाईट मार्फत सरोकारवाला के तथा जनता के देवे खातिर हरेक स्थानिय तह मे दरवन्दी हि श्रृजना करके आईटी अफिसर न्युक्ति करेके निर्देशन देहले बा । ई स्थानिय तहसब स्थानिय तह के गतिविधी तथा आर्थिक आयव्यय के सूचना के वेभसाईट मार्फत सार्वजनिक करे खातिर आईटी अफिसर भी नियुक्त कईले बाडन । माकिर उ आईटी अफिसरलोग स्थानिय तह प्रमुख आ कार्यकारी अधिकृत के दवाव मे सार्वजनिक सुनवाई के कउनो भी किसिम के जानकारीसब वेभसाईट मे रखले नईखन ।

एक स्थानिय तह के आईटी अफिसर के मुताविक खुदसब आम्दनी खर्च के गतिविधी तथा योजनासब के विवरण वेभसाईट मे सार्वजनिक करेके चाहला पर भी स्थानिय तह के प्रमुख आ कार्यकारी अधिकृतलोग सार्वजनिक कईल जरुरी नईखे कहत उ विषयसब के विवरण हि उपलब्ध ना करईला पर सार्वजनिक करे ना सकल जनावल गईल बा ।

पर्सा के स्थानिय तह के एक जने आईटी अफिसर नाम प्रकाशित ना करेके सर्त मे स्थानिय तह के जनप्रतिनिधि तथा कार्यकारी अधिकृतलोग के निर्देशन मे स्थानिय तह के वेभसाईटसब अपडेट होखे नईखे सकल । स्थानिय तह मे होखेवाला व्याप भष्टाचार के पोल खुलेके डर से आर्थिक गतिविधि के जानकारी सर्वसधारण जनप्रतिनिधिलोग तथा स्थानिय तह के कर्मचारीलोग जनता के देवे ना चाहल पर्सा के वुद्धिजिवीलोग के बुझाई रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।