भलुवाई खोला मे ठेकेदार के मनमानी, ओभरलोड से ग्रामीण सडक के यातायात अव्यवस्थित

मेघराज राय
जिराभवानी १५ जेठ
पर्सा जिल्ला के पर्सा राष्ट्रिय निकुञ्ज आ सामुदायिक बन से सीमा जुडल भलुवाई खोला आ आउर अनेकन खोलासब से मनमानी तरिका से गिट्टी, बालु, पथल उत्खनन करके क्षमता से बेसी ट्याक्टर मे लोड करके ढुवानी हो रहला से ग्रामीण सडकसब मे खान्डाखुन्डी भईल बा ।
बिश्व कोरोना महामारी के समय मे रहला से भलुवाई खोला मे स्वास्थ मापदण्ड बिपरित हजारो के संख्या मे रहेक दिन ट्रेक्टर आ आदमीसब के भिडभाड हो रहल स्थानीयलोग सिकाईत कईले बाडन । माकिर पर्सा के जिराभवानी गाँवपालिका मे पडेवाला भलुवाई खोला मे दु महिना के खातिर २९ लाख ५५ हजार मे ॐ साई निर्माण सेवा बहुवरी पिडाडी ठेक्का साकार कईल गाँवपालिका स्रोत जनवले बा । ठेकेदार भलुवाई खोला से मनमौजी मापदण्ड बिपरित गिट्टी, बालु, पथल उठईला से खोला पोखरा जईसन भईल बा । बेसी गहिराइ मे पथल, बालु, गिट्टी पुल गाँवबस्ती स्कुल मठमन्दिर के ३०० मिटर आरीपाछि उत्खनन करेके प्रावधान ना भईला पर भी ठेकेदार दुनु ओर गाँवबस्ती रहला से आरीपाछि उत्खनन कईल जिल्ला वन कार्यालय, पर्सा के संरक्षण तथा सदुपयोग शाखा के प्रमुख बशिष्टनारायण पटेल बतवनी ।
ठेकेदार खोला मे होर्डिङ्गबोर्ड लगावेके, पूर्जी काटेवाला कर्मचारी के डरेस, परिचयपत्र, ओभरलोड ना करेके, प्रतिघनफिट नाप के पूर्जी काटेके प्रवधावन भईला पर भी ठेकेदार मनमौजी काम करत आईल बाडन ।
टेलर मे जेतना लोड कईला पर भी १ सय ३० घनफिट के रु ५०० काट रहल बाडन । कउनो टेलर मे १००, १२०, १३५, १४० तक अटेवाला भईला से ठेकेदार बिना नाप अन्दाजी पुर्जी काट रहला से ओभरलोड के चलते सडक मे खान्डाखुन्डी भईल बा । एकरा से यातायात मे समस्या आ दुर्घटना के सम्भावना रहल स्थानीयवासी सिकाईत कईले बाडन ।
जिल्ला समन्वय समिति, पर्सा अनुगमन ना कईला से ठेकेदार मनमौजी काम कर रहला से प्रकृतिक सम्पदा खतरा मे परल बा । ई विषय मे पुलीस प्रशासन, वन, जिल्ला समन्वय समिति के ध्यानाकर्षण होखेके स्थानीयवासी के माग बा ।






