घर डुबला के बाद स्कुल के सिपटी मे रहेमे बाध्य

बारा १६ जेठ
बारा के करैयामाई गाँवपालिका– ८ इटहर टोल मे एक दलित परिवार विद्यालय के सिपटी मे रहेमे बाध्य भईल बाडन ।
विसुन कहेवाला स्थानीय विष्णु मल्लिक, उनकर माई आ बेटी करके ३ जने स्थानीय विद्यालय के सिपटी मे रहत बाडन । दु दिन से पडल पानी के चलते उनकर फुस के घर डुबान मे पडल बा । घर मे भईल अन्न भी भिजला के चलते उलोग गाँव से माँग के खारहल बाडन ।
विद्यालय आ आसपास के खेतसब से बहेवाला पानी के निकास ना भईला से उनकर घर हरेक बरीस डुबान मे पडेला । आपन जमिन ना भईला के चलते उ बरीसो से उहें रहत आईल बाडन ।
बितल बरीस के वर्षात मे उनका से पोसल बंगुर हि डुबके मरल रहे । पानी के निकास होखेवाला जगहा मे चौतारा निर्माण कईला के बाद निकास बन्द बा । जउना के चलते आपन घर हरेक बरीस डुबान मे पडेला कहके मल्लिक के कहनाम बा ।
‘पहिले अईसन समस्या ना रहे, चौतारा बनला के बाद पानी बहल छोडले बा, कम पानी पडते मातर घर डुबेला’ कहत माल्लिक ‘ओकरा से विद्यालय के सिपटी मे रहत आईल बानी ।’
एक बरीस से समस्या भोगत आईल आ सरोकारवाला निकाय के समस्या के बारे मे जानकारी करईला पर भी कउनो सुनुवाइ ना भईल उनकर कहनाम बा । उलोग रहत आईल सिपटी विद्यार्थीलोग प्रयोग करत आईल सिपटी ह । कोरोना भाइरस संक्रमण रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर विद्यालय बन्द बा ।
माली परिवार के विजोग देखला के बाद सामाजिक सञ्जाल से राहत सहजोग के खातिर आह्वान कईल माकिर कहुुँ से सहजोग ना मिलल स्थानीय सद्दाम हुसैन बतवनी । ‘हम सबेरे उलोग सिपटी मे रहत आईल जानकारी मिलल, सबेरे जानकारी भईला के बाद सहजोग के खातिर निहोरा कइनी’ कहत उ ‘कहँु से सहजोग मिले ना सकल ।’
गाँवपालिका के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत सुरेन्द्र यादव खुद के माली के घर डुबान मे पडल आ उ सिपटी मे रहत आईल बारेमे जानकारी ना भईल बतवनी । ‘हम कलैया मे रहनी, गाँवपालिका मे काम पडल समय मे जानी । गईला के बाद बुझेम’ कहत उ ‘सम्बन्धित वार्ड अध्यक्ष से बात कईला पर बढिया होखी ।’
वार्ड अध्यक्ष सुरेन्द्र साह पानी के निकास करावे खातिर गाँवपालिका से डोजर मँगावल माकिर ना अईला से बिहान हि निजी डोजर मँगाके समस्या समाधान करेके दावी कईनी । ‘पानी के निकास होखेवाला जगहा एगो आदमी बन्द कईले बाडन, बेर बेर निहोरा कईला पर भी हटावेमे अटेरी कर रहल बाडन’ कहत उ ‘समस्या समाधान के खातिर बिहान हि प्राइभेट डोजर लियाके काम मे लगाएम ।’
माकिर वार्ड अध्यक्ष साह अभी तक सिपटी सञ्चालन मे ना आईइल दावी कईले बाडन । ‘सिपटी मे प्यान हि नईखे डालल, सञ्चालन मे आवेके बाँकी बा, बडका घर जईसन बा, उहे होके उलोग जाके रहत होईहन’ उ कहनी ।
वार्ड सदस्य राम विश्वासप्रसाद साह के मुताविक विष्णु के पालिका समय समय मे सेवा सुविधा देहला पर भी सदुपयोग होखे सकल नईखे ।
‘उ शुरु से हि विद्यालय के जमिन मे रहत आईल बाडन, फिरभी पालिका से घरिघरि सुविधा दिला रहल बानी’ कहत उ ‘बितल बरीस भी घर बनावे खातिर ३० हजार रोपेया देहल गईल रहे ।’
उ अभी आईल समस्या के बारे मे बुझ के सिपटी मे रहेके अवस्था होई त विद्यालय के किलास खोल के राखवावे के आश्वासन देहनी ।