चुरे बारे मे निर्णय सँचियावे खातिर केन्द्र सरकार के प्रदेश २ के मुख्यमन्त्रीद्धारा चेतावनी

जनकपुर २० जेठ

प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत चुरे दोहन करके पथल, गिटी, बालु निकासी करेवाला केन्द्र सरकार के कार्जक्रम फिर्ता करे खातिर चेतावनी देहले बाडन ।

बियफे के दिने विज्ञप्ति सार्वजनिक करत मुख्यमन्त्री राउत केन्द्र सरकार से अध्यादेशमार्फत लियावल बजेट मे समावेश भईल पथल, गिटी, बालु निकासी करेके कार्जक्रम हटावे खातिर कहले बाडन । ई कार्जक्रम ना हटईला पर प्रदेश २ चुरे संरक्षण के खातिर जरुरी निर्णय लेवेके चेतावनी भी राउत देहले बाडन ।

‘नेपाल सरकार के बजेट वक्तव्य के सँचियावे खातिर निहोरा कईला के साथे अईसन काम तत्काल ना रुकला पर तराई मधेस के चुरे संरक्षण आ प्राकृतिक सम्पदा के रक्षार्थ प्रदेश सरकार से जरुरी निर्णय लि’, विज्ञप्ति मे कहल गईल बा ।

चुरे दोहन से तराई के बासस्थान ओराएके उनकर कहनाम बा । देश के अन्न भण्डार के रुप मे रहल तराई मरुभूमी होखेके कहत सरकार के सचेत करवले बाडन । उ ई निर्णय से जनता के बिल्लीबाठ होखेके निश्चित भईल कहत विरोध जनवले बाडन ।

‘चुरे क्षेत्र के माटी एकदमे कमजोर बा । चुरे दोहन से सभी प्राकृतिक सम्पदा से आपन बासस्थान गुमावेके निश्चित बा,’ राउत से सार्वजनिक कईल विज्ञप्ति मे कहल गईल बा, ‘सरकार के अईसन अदुरदर्शी निर्णय से प्रदेश नम्बर २ से पथल, गिटी, बालु उत्खनन् करेके योजना से देश के अन्न भण्डार के रूप मे रहल भू–भाग मरूभूमिकरण होके शतप्रतिशत जनता के विल्लीबाठ होखेके निश्चित बा ।’

प्रदेश २ के मरुभूमीकरण से बँचावे के काम मे प्रदेश सरकार सजग रहल उनकर कहनाम बा । ‘वन विनाश, वातावरणीय सन्तुलन, जैविक विविधता के संरक्षण, पानी मुहान संरक्ष के साथे प्रदेश २ के मरुभूमिकरण होखे से बँचावेके काम उपर प्रदेश सरकार सजग बा’, विज्ञप्ति मे कहल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।